Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Zombie Virus: 48 हजार साल बाद सुत के उठल जॉम्बी वायरस, का भारत पs होई असर?

Zombie Virus News: कोरोना महामारी से बड़ी मुश्किल से उबरल दुनिया के सोझा एगो नया खतरा आ गइल बा। दरअसल, वैज्ञानिक लोग रूस में 48 हजार साल पुरान जॉम्बी वायरस के खोज कइले बा लो। ई वायरस बेहद खतरनाक बा। विशेषज्ञ लोग भारत समेत दुनिया के तमाम देसन के एकरा से आगाह कइले बा। 

3,903

तs का दुनिया एगो आउर महामारी के मुहाना पs खड़ा बा? दुनिया जहां अभी कोरोना वायरस के खतरन से उबरत दिख रहल बिया ओहिजा, अब नया वायरस के दस्तक के खबर सिहरन पैदा करे वाला बा। दरअसल, रूस के बरफ वाला इलाकन में 48 हजार साल से दबल जॉम्बी वायरस (Zombie Virus) के वैज्ञानिक लोग जिंदा कs देले बा लो। ई खतरनाक वायरस रूस के एगो झील में हजारन साल पहिले दफन हो गइल रहे। बाकिर अब एकरा ‘जिंदा’ होखला के बाद भारत जइसन देसन खातिर बड़ खतरा के घंटी बा।

भारत दुनियाभर के ग्लोबल वार्मिंग के लेके चेतावनी देत रहल बा। कहल जा रहल बा कि जदि दुनिया में बढ़त गरमी के कारण रूस आ साइबेरिया के जमल बर्फ पिघलत बा तs दुनिया में कोहराम मच जाई। जॉम्बी वायरस एतना खतरनाक बा कि ई कोशिका वाला छोट जीवन तक के संक्रमित कs देला।

अब सवाल उठत बा कि भारत जइसन देसन के एकरा खातिर कवना तरे के तइयारी करे के होई? दरअसल, कोरोना के बाद से दुनिया अब आवे वाला महामारी के काट खोजे में जुटल बिया। भारत जइसन देस अइसन वायरस से निपटे में सक्षम बा। बाकिर कोरोना जवन त्रासदी दुनिया के देले बा ऊ डरावे वाला रहे। हालांकि, जॉम्बी वायरस के खतरा अभी वास्तविक तs नइखे बाकिर हमनी के हर स्तर के तइयारी कs के रखे के होई।

भारत में बा ग्लोबल वार्मिंग के खतरा

भारत जइसन देसन में ग्लोबल वार्मिंग के खतरा बा। सुंदरबन इलाका के हिस्सा जलमग्न हो रहल बा। एकरा अलावे मुंबईयो के लेके कइयन तरे के भविष्यवाणी कइल गइल बा। विकसित देस विकासशील देसन पs तोहमत लगा देवेले सs। बाकिर ई खतरा अब एतना बड़ हो चुकल बा कि आवे वाला समय में भारत समेत दुनिया के तमाम देसन के मुश्किलन के सामना करे के पड़ सकत बा।

एह जानलेवा वायरस के बारे में जान लीं

  • रूस के एगो झील में हजारन साल से दबल रहे ई  जॉम्बी वायरस। वैज्ञानिक लोग एह वायरस के नाम पंडोरावायरस एडिमा (Pandoravirus Yedoma) रखले बा। अभी एह खोज के बारे में कवनो जानकारी प्रकाशित नइखे भइल। 
  • फ्रांस के नेशनल सेंटर फॉर साइंटिफिक रिसर्च के दल बर्फ में दबल अइसन दर्जनन वायरस के जिकिर कइले रहे, जवना के बारे में दुनिया के जानकारी नइखे। एही में जॉम्बी वायरसो सामिल बा। ई वायरस 48,500 साल पुरान बा। इहे टीम 2013 में 30 हजार साल पुरान वायरस के पता लगवले रहे।
  • ग्लोबल वॉर्मिंग के कारण दुनिया के कइयन गो हिस्सन में जमल बर्फ पिघल रहल बा। एसे एगो नया खतरा पैदा होत जा रहल बा। जॉम्बी वायरसो ओहि में से एगो बा। एह बैक्टीरिया में खतरनाक रोगाणु हो सकत बा।
397850cookie-checkZombie Virus: 48 हजार साल बाद सुत के उठल जॉम्बी वायरस, का भारत पs होई असर?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.