[the_ad_group id="30365"]

तकनीकी विज्ञान से तीन गो बड़ अपडेट एके ख़बर में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी के विशेष रपट में जानी मोबाइल तकनीक aa मोबाइल विज्ञान से जुड़ल विशेष अपडेट।

ख़बर भोजपुरी रवा सभे खातिर लेके आईल बा मोबाइल विज्ञान से जुड़ल तीन गो नायका अपडेट जानी का बा विशेष:

एप्पल के आईओएस के नयका अपडेट जारी

Apple ios के नया अपडेट आ गईल बा फ़ोटो:सोशल मीडिया

 

दुनिया के दिग्गज टेक कम्पनी एप्पल आपन आईओएस 16.4 के बीटा अपडेट के जारी कई देले बिया।एह में आईफोन यूजर खातिर कम्पनी के ओर से कई गो नया इमोजी जोड़ल गईल बा। नयका अपडेट में 31 गो नाया इमोजी जोड़ल गईल बा। यूजर के अनुभव अउरी सुघर बनावे खातिर एकरा में कुछ दिल वाला इमोजी आ कुछ स्माइली वाला इमोजी राखल गईल बा । कंपनी एह अपडेट में एगो शेकिंग स्माइली फेस वाला इमोजी जोड़ल गईल बा । एह इमोजी के इस्तेमाल फिजिकल शेकिंग भा इंटर्नल भावन के जाहिर करे खातीर कईल जा सकेला ।ईहे ना , आईफोन यूजर खातिर अलगा-अलगा रंग में दिल वाला इमोजी पेश कईल गईल बा। मीडिया रिपोर्टस के अनुसार कंपनी लाइट ब्लू,ग्रे आ पिंक तीन गो नएका रंग में दिल वाला इमोजी के जोड़ल बिया। स्माइली इमोजी  आ दिल वाला इमोजी के आलावा दु गो नया हैंड गेस्चरो पेश कईल गइल बा। एह में राइटवार्ड पुशिंग हैंड आ लेफ्टवार्ड पुशिंग हैंड के ऑप्शनों मिली ।एह हैंड गेस्चर के इस्तेमाल पांच गो स्किन टोन में कइल जा सकेला।

व्हाट्सऐप पिक्चर इन मोड जल्दिए ले आ रहल बा

मेटा के स्वामित्व वाला व्हाट्सऐप अपना इनोवेटिव फीचर खातिर जानल जाला। एगो रिपोर्ट के मोताबिक इंस्टैंट मैसेजिंग प्लेटफार्म अब आईओएस पs वीडियो कॉल खातिर पिक्चर-इन-पिक्चर मोड रोल आउट करे जा रहल बा। हाले में  एह अपडेट के 925mac पs देखल गइल आ बाद में द वर्ज भी एह बात के तस्दीक कईलस कि व्हाट्सऐप आईफोन यूजर खातिर पिक्चर-इन-पिक्चर मोड लेके आ रहल बा। ई फीचर बिना कवनो रुकावट के वीडियो कॉल के बेरा कवनो दोसर ऐप के उपयोग करत यूजर वीडियो कॉल के लाभ उठा सकेला आ आपन काम जारी राख सकत बाड़े। ई सुविधा व्हाट्स ऐप एंड्रॉयड वर्जन यूज करे वाला लोगन के पहिलहीं दे चूकल बा।

 

 

व्हाट्स ऐप के नयका फीचर आईफोन यूजर खातिर

 

इंस्टाग्राम में स्टोरी खातिर मिली नाया फीचर

इंस्टाग्राम जल्दिए जीआईएफ रिएक्शन लेके आ रहल बा

हाले में मेटा इंस्टाग्राम आ फेसबुक खातिर एगो नाया “चैनल फीचर” के सुरू कईले बा। एही बिचे एगो अउरी खबर आ रहल बा कि इंस्टाग्राम जल्दिए एगो अउर नाया फीचर लेके आ रहल बा। एह फीचर में इंस्टाग्राम के यूजर लोग केहू के स्टोरी भा केहू के पोस्ट पs जीआईएफ से रिएक्ट कई सकेलन। अभी तक ले ग्राम के ग्रामीण लोग खाली डीएम में जीआईएफ से रिएक्शन दे पावत रहे । बाकिर अब एह नयका फीचर के संगे केहू के स्टोरी भा पोस्टो पs लोग आपन रिएक्शन जीआईएफ से दे सकत बाड़े। एह फीचर के आ गईला के बाद रवा सब के कमेंट बॉक्स भा मैसेज बॉक्स में जवन जीआईएफ भेजे के बा ओकर कीवर्ड टाइप करे के बा आ जीआईएफ आइकॉन पs क्लिक करे के बा एहिजा रवा के जीआईएफ लाइब्रेरी मिली जहां से रवा आपन एगो जीआईएफ चुन के भेज सकेनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]