[the_ad_group id="30365"]

Special story : ईंहों के जानी , ईंहों के पहचानी: संगीतकार ‘सुशांत देव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

खबर भोजपुरी रउरा सभे के सोझा एगो सेगमेंट लेके आइल बा….एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव म्युजिक कंपोजर आ गायकी के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहsल ‘सुशांत देव’, के बारे में …

सुशांत देव के जनम गोरखपुर में एगो बंगाली परिवार में भइल। इनकर बाबूजी के नाव अशोक देव आ माई के नाव  मधुमिता देव हs।  सुशांत देव म्युजिसियन आ गायकी के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहल बाड़े। सुशांत देव के बाबूजी गोरखपुर के जानल मानल म्युजिसियन हवे। जिनके सब ‘नीलू दादा’ के नाव से जनेला। सुशांत देव सबसे पहिले अपने बाबूजी से संगीत सिखल शुरू कइले।  उनकर पढ़ाई- लिखाई स्नातक तक डीडीयू गोरखपुर से भइल।ओकरा बाद संगीत सीखे खातिर अलग – अलग इंस्टिट्यूट से संगीत के ज्ञान लिहले। संगीत में ‘प्रभाकर ‘ के डिग्री लिहले आ फेर उ गोरखपुर में आके आपन स्टूडियो खोलले। जेकर नाव ‘आरसी प्रोडक्शन’ हs। सुशांत देव के फोक पs पकड़ बहुत अच्छा हउए, चाहे  बात बंगाली फोक होखे भा भोजपुरी फोक के, उ बेहतरीन तरिका से बेहतरीन म्युजिक बनावेले।

यूट्यूब पs आर्सी प्रोडक्शंस आ धात्री डिवोशनल दुगो चैनल बा। सुशांत देव के कइगो गीत हिंदी, भोजपुरी आ बंगाली कई भाषा में यूट्यूब पs बाटे । जवना में सोहर, धार्मिक गीत, आ अलग – अलग विधा के गीत बहुते पसन कईल जा रहल।

 हाले  में ‘धात्री डिवोशनल’ चैनल पs नवरात्रि भजन गीत ‘भोर भई’ आइल बा जेकरा के सब केहु पसन कs रहल बा।

सुशांत देव नहवा म्युजिक कंपोजर आ गायिकी के क्षेत्र में भवीस बाड़े , अपना एह कला से  उ भोजपुरिया लोगन में एगो आस जगवले बाड़न।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]