Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

KKR ईडन गार्डन्‍स पऽ मचवलस कोहराम, दिल्‍ली कैपिटल्‍स के आसानी से हरा के तूड़ देलस CSK के बड़ रिकॉर्ड

428

Ipl 2024: कोलकाता नाइटराइडर्स सोमार के आईपीएल 2024 के 47वें मैच में दिल्‍ली कैपिटल्‍स के 21 गेंद शेष रहते सात विकेट से मात देलस। ई केकेआर के मौजूदा सीजन में छठा जीत रहल। केकेआर के टीम आईपीएल 2024 के प्‍वाइंट्स टेबल में दूसरका स्‍थान पऽ बरकरार बिया। जानी केकेआर दिल्‍ली कैपिटल्‍सस के मात देला के बाद सीएसके के कवन रिकॉर्ड तुड़लस आ कवन फ्रेंचाइजी के रिकॉर्ड के बराबरी कइलस।

कोलकाता नाइटराइडर्स सोमार के आईपीएल 2024 के 47वें मैच में दिल्‍ली कैपिटल्‍स के खिलाफ आसान जीत दर्ज कइलस। केकेआर ईडन गार्डन्‍स पs खेलल गइल मुकाबला में दिल्‍ली के 21 गेंद शेष रहते सात विकेट से मात देलस।

दिल्‍ली कैपिटल्‍स मैच में पहिले बल्‍लेबाजी कइलस आ निर्धारित 20 ओवर में 9 विकेट गवां के 153 रन बनवलस। जवाब में कोलकाता नाइटराइडर्स 16.3 ओवर में तीन विकेट गवां के लक्ष्‍य हासिल कइलस। एह जीत के साथही केकेआर चेन्‍नई सुपरकिंग्‍स के रिकॉर्ड तुड़लस जबकि मुंबई इंडियंस के बराबरी कइलस।

Ipl: का हऽ रिकॉर्ड

कोलकाता नाइटराइडर्स सोमार के ईडन गार्डन्‍स पs आपन 51वा आईपीएल जीत दर्ज कइलस। अइसे में केकेआर एगो फ्रेंचाइजी द्वारा कवनो मैदान में सबसे ज्‍यादा जीत दर्ज करे के मामला में संयुक्‍त रूप से शीर्ष स्‍थान पर पहुंच गइल बिया। केकेआर ईडन गार्डन्‍स पs 51वां मुकाबला जीतल। उऽ मुंबई इंडियंस के बराबरी कइलस, जवन अपना होमग्राउंड वानखेड़े स्‍टेडियम पs 51 आईपीएल जीत दर्ज कइलस।

कोलकाता नाइटराइडर्स चेन्‍नई सुपरकिंग्‍स के रिकॉर्ड तुड़लस, जवन चेन्‍नई के एमए चिदंबरम स्‍टेडियम पs 50 जीत हासिल कइलस। आईपीएल में एगो स्‍थान में सबसे बेसि मैच जीते के मामले में चेन्‍नई सुपरकिंग्‍स के टीम दूसरका स्‍थान पs कबजा बा। रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु एम चिन्‍नास्‍वामी स्‍टेडियम पs 41 जीत के साथे तीसरका स्‍थान पs जमल बिया।

आईपीएल में एगो स्‍थान पऽ सबसे जादे जीत (सुपर ओवर शामिल)

51 – मुंबई इंडियंस, वानखेड़े स्‍टेडियम

51 – कोलकाता नाइटराइडर्स, ईडन गार्डन्‍स

50 – चेन्‍नई सुपरकिंग्‍स, एमए चिदंबरम स्‍टेडियम

41 – रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु, एम चिन्‍नास्‍वामी स्‍टेडियम

प्‍वाइंट्स टेबल के हाल

कोलकाता नाइटराइडर्स के ई मौजूदा सीजन में 9 मैचन में छ्ठा जीत रहल आ उऽ प्‍वाइंट्स टेबल में दूसरका स्‍थान पs बरकरार बा। उहे, दिल्‍ली कैपिटल्‍स के ई 11 मैचन में छठा हार रहल आ उऽ प्‍वाइंट्स टेबल में छठा स्‍थान पs बा। केकेआर आपन अगिला मैच शुक के मुंबई इंडियंस के खिलाफ खेली। दिल्‍ली कैपिटल्‍स के अगिला भ‍िड़ंत मंगर के राजस्‍थान रॉयल्‍स से होई।

807770cookie-checkKKR ईडन गार्डन्‍स पऽ मचवलस कोहराम, दिल्‍ली कैपिटल्‍स के आसानी से हरा के तूड़ देलस CSK के बड़ रिकॉर्ड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.