KK Pathak छुट्टी पऽ जाए से पहिले ई 20 शिक्षकन के बढ़ा देले टेंशन, लापरवाही पऽ मंगले जवाब; ओकरा बाद लेले बड़ एक्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 3, 2024

Bihar Education बिहार शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव केके पाठक छुट्टी पs जाए से पहिले कई गो शिक्षकन के टेंशन बढ़ा देले बाड़े। आधा दर्जन से बेसी प्रखंड के अलग – अलग स्कूलन के

Share

Bihar Education बिहार शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव केके पाठक छुट्टी पs जाए से पहिले कई गो शिक्षकन के टेंशन बढ़ा देले बाड़े। आधा दर्जन से बेसी प्रखंड के अलग – अलग स्कूलन के निरीक्षण कइल गइल। इस क्रम में पावल गइल कि 20 शिक्षक बिना सूचना के अनुपस्थित बाड़े। अइसे में उनका लो पs बड़ कार्रवाई करत उनका लो के वेतन काट लिहल गइल।

वइसे शिक्षकन के एक दिन के वेतन में कटौती के आदेश दिहल गइल बा। जिला शिक्षा पदाधिकारी अजय कुमार सिंह अनुपस्थित शिक्षकन से तीन दिन के भीतर जवाब मंगले बाड़न। जवाब  अइला के बाद आगे के कार्रवाई कइल जाई।

ई शिक्षक लो के कटी सैलरी

यूएमएस नवलपुर मिश्रौलिया के रुबी कुमारी, मुकेश कुमार, प्राथमिक विद्यालय बाघी उर्दू के मो. नईम अंसारी, मो. मासूम रजा, प्रा.वि. बर्री उर्दू की समन फातमा, प्रावि. मसान उर्दू की कुमारी श्वेता , न्यू पीएस यादव टोला लौटन के उषा कुमारी, मवि. साढ़ा डंबर के किशोर कुमार, बबिता कुमारी, नौशाद आलम आदि के वेतन काटल जाए के बा।

एकरा अलावा, प्रावि. बाजितपुर कोदरिया के नीशू कुमारी, प्रा.वि. फकीराडीह सघन के रमेश पासवान, एमआरएस हाई सकूल के मृणालिनी, अप्रेड एमएस चक्की रसूलगंज के रत्नेश कुमार, प्रमोद कुमार, सुरेन्द्र कुमार, इंदू देवी, उच्च मा.वि. बरियारपुर उतरी के आनंद कुमार, पशुपति कुमार, रविंद्र कुमार के वेतन कटौती के आदेश दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.