[the_ad_group id="30365"]

KK के ऊ यादगार गाना, जेकरा सुनला पs लोग के रूह के मिलेला सुकून

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फिल्म इंडस्ट्री खातिर ई एगो दुखद झटका रहल जब 31 मई के कोलकाता में बॉलीवुड गायक कृष्णकुमार कुन्नथ, जेकरा के के के नाम से जानल जाला, के निधन हो गइल. हृदय गति रुकला के चलते गायक के मउत हो गईल। आज मशहूर गायक केके के 55वां जयंती हs, जे हमनी के जीवन के हिस्सा बन गईल गीत देले। एह गीतन के सुन के आत्मा के शांति मिलेला। 90 आ 2000 के दशक के कवनो प्लेलिस्ट केके के गाना के बिना अधूरा बा।  लगभग तीन दशक के अपना करियर में ऊ 700 से अधिका गीत गवले जवन आजुओ लोग के बीच लोकप्रिय बा.

* यारो दोस्ती बड़ी ही हसीन है

ई उs गीत हs जवन केके के मुस्कुराहट भरल चेहरा के याद दिलावत बा। 90 के दशक में केके के ‘यारों दोस्ती बड़ी ही हसीन है’ उनुका कैरियर के सुपरहिट गाना साबित भईल। ई गीत हर दोस्त के पार्टी में सुनल जाला।

* सच कह रहा है दीवाना

आर.माधवन आ दिया मिर्जा के फिल्म ‘तेरे दिल में रेहना है’ के सबसे लोकप्रिय गीत ‘सच कह रहा है दीवाना’ के.के अपना आवाज में गवले बाड़न जवना के सुनला पs लोग भावुक हो जाला. ई गीत आजुओ 90 के दशक के लोग के प्ले लिस्ट में सुनल जाला.

* पल

के.के के मशहूर म्यूजिक एलबम पल 90 के दशक के सुपरहिट गाना में से एगो हs। आजुओ लोग उनुकर एलबम ‘पल’ सुनल पसंद करेला. के.के के आवाज में गावल ई गीत सुनला के बाद रउआ आपन सब चिंता भुला जाईब। गायक आपन आखिरी गाना एहिजा अपना लाइव संगीत कार्यक्रम में गवले रहले.

* जरा सा

रोमांटिक गाना के बात कइल आ के.के के नाम ना लिहल असंभव बा. उनकर रोमांटिक गीत हर जोड़ी खातिर बहुते खास बा. 2008 में केके ‘जरा सा’ गाना से संगीत जगत में एगो नया रिकार्ड बनवले रहले.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]