[the_ad_group id="30365"]

Kishore Kumar Birthday: जब किशोर कुमार एह कॉमेडियन से लेले रहले दु साल बाद बदला, मजेदार बा इ किस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

किशोर कुमार जन्मदिन : जइसहीं केहू बहुप्रतिभाशाली शब्द कहेला, हमनी के भारतीय लोग के जवन नाम सबसे पहिले याद आवेला उ दोसर केहु ना बालुक दिग्गज गायक किशोर कुमार के ह। काहे कि किशोर कुमार खाली गायक ना रहले बलुक ऊ एगो बढ़िया अभिनेता, हास्य अभिनेता, निर्माता आ निर्देशक सब कुछ उनकरी मे रहे। लेकिन एतना प्रतिभा होखला के बाद भी उ अपना निजी जीवन में भी बहुत मजाकिया इंसान रहले अवुरी आसपास के लोग भी उनुका चंचल अंदाज से अवगत रहले। 4 अगस्त 1929 के जनमल आजु किशोर दा के जन्मदिन ह। एह मौका पs जानीं, उनकर जिद्द आ मजेदार स्वभाव के एगो मजेदार किस्सा…

किशोर कुमार महमूद से सालन बाद लिहले बदला

किशोर कुमार के बात जब सोझा आवेला त फेर अइसने कई गो कहानी सामने आवेला, सुनत-सुनत जवना के लोग के हँसी ना रुकेला। पूरा इंडस्ट्री के इहो मालूम रहे कि किशोर दा अगर केहु से बदला लेवे के फैसला करीहे त उ बहुत साल बाद भी अवुरी कवनो तरीका से बदला लीहे। साल 1966 में रिलीज भइल फिल्म ‘प्यार किए जा’ में किशोर कुमार से बेसी पइसा जब महमूद ले लिहले त किशोर के ई ना पसन्द आइल। एही से दू साल बाद 1968 के फिल्म ‘पड़ोसन’ में ऊ दोगुना पइसा लेके महमूद से आपन बदला ले लिहले।

किशोर खण्डवा में बसल चाहत रहले

किशोर कुमार के जनम 04 अगस्त 1929 के मध्य प्रदेश के खंडवा शहर में ओहिजा के जानल मानल वकील कुंजीलाल गांगुली के घरे भइल रहे। किशोर कुमार के असली नाम आभास कुमार गांगुली रहे। चार भाई-बहिन में किशोर कुमार चउथा स्थान पs रहले। उ अपना जीवन के हर पल में खंडवा के याद करत रहले। कई बेर इंटरव्यू में कहत रहले कि रिटायरमेंट के बाद खांडवा में जाके बस जाइब। लेकिन अफसोस उनकर इच्छा पूरा ना हो पावल। इनके निधन 13 अक्टूबर 1987 के भइल। उनकर अंतिम संस्कार खंडवा में ही भइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]