[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका में बंदी बनावल चारों भारतवंशियन के हत्या, होशियारपुर के सिख परिवार के सदस्य रहलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका में बंदी बनावल चारों भारतवंशियन के मौत हो गइल रहे। कैलिफोर्निया के शेरिफ उनके मारल गइले के पुष्टि कइलें। मृतकन में एक दंपती, उनकर आठ साल के बच्ची अउरी बच्ची के चाचा शामिल बानें। चारों पंजाब के होशियारपुर मूल के सिख एनआरआई परिवार के सदस्य रहलें।

आशंका बा कि अपहर्ता ही चारो के हत्या कs देहलस। बता देईं कि अमेरिका के कैलिफोर्निया प्रांत के मर्सिड शहर में सोमार के चार भारतवंशी जसदीप सिंह, उनकर पत्नी जसलीन कौर, उनकर आठ माह के बच्ची आरुही अउर जसदीप के भाई अमनदीप सिंह के अपहरण कs लिहल गइल। चारों के शव एगो बगीचा में पावल गइल बा।

अमेरिकी अधिकारी लोग बतावल कि एह चारों लोग के कैलिफोर्निया के मर्सिड के एक व्यवसायिक कार्यालय से अपहरण कर लिहल गइल रहे। मर्सिड के शेरिफ वर्न वार्नके बतवलें कि चारों के शव बुधवार शाम के इंडियाना रोड अउर हचिंसन रोड के पास एगो बगइचा में मिलल। बगइचा में शव मिलले के सूचना खेत के मजदूर पुलिस के दीहल। घटना स्थल पर चारों लोग के शव लगही लगही पड़ल मिलल।

शेरिफ वार्नके जतवलें गुस्सा

शेरिफ वार्नके बुधवार साँझ ले एगो संवाददाता सम्मेलन में एह हत्या पर दुख जतावत आक्रोश भी प्रकट कइलें। उ कहलें, ‘एह आरोपी के नरक में खास जगह मिली।’ ई बात उ आरोपी यीशु मैनुअल सालगाडो खातिर कहलें जौन कि हत्या के संदिग्ध आरोपी बा।

एगो संदिग्ध के हिरासत में लिहल गइल

अपहरण के मामला में अमेरिकी पुलिस कल सालगाडो के गिरफ्तार कइल गइल बा। ऊ खुदहीं गंभीर हालत में मिलल रहे। समझल जा रहल बा कि उ खुदकुशी के प्रयास कइल गइल बा। चारों मृतक अउरी उनकर परिवार मूल रूप से पंजाब के होशियारपुर के हरसी पिंड के रहे वाला हवें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]