Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

किदांबी श्रीकांत आ प्रणय BWF Japan Open के प्री क्वार्टर फाइनल में पहुंचल लो, हार के संगे थमल आकर्षी के सफर

BWF Japan Open: भारत के स्टार बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत आ एचएस प्रणय बीडब्ल्यूएफ जापान ओपन के प्री क्वार्टर फाइनल में आपन जगह बना लेले बा लो। श्रीकांत सिंगल्स के पहिला दौर में ताइवान के चोउ तीएन-चेन के शिकस्त देलें। ओहिजा, प्रणय चीन के ली शिफेंग के हार के स्वाद चखवलें। हालांकि, आकर्षी कश्यप के टूर्नामेंट में सफर हार के संगे थम गइल। 

3,019

किदांबी-प्रणय के धमाकेदार जीत

किदांबी श्रीकांत आ एचएस प्रणय जापन ओपन के प्री क्वार्टर फाइनल में आपन सीट बुक कs लेले बा लो। पुरुष सिंगल्स के पहिला दौर में श्रीकांत ताइवान के चोउ तीएन-चेन के 21-13, 21-13 से, जबकि प्रणय चीन के ली शिफेंग के 21-17, 21-13 से हराके अंतिम-16 में जगह पक्का कइलें। क्वार्टर फाइनल में पहुंचे खातिर दुनो खिलाड़ी एक-दूसरा के सामना करी लो।

आकर्षी कश्यप के हाथे लागल हार

हालांकि, महिला बैडमिंटन खिलाड़ी आकर्षी कश्यप कुछ खास कमाल ना दिखा सकली आ उनका हार के संगे टूर्नामेंट से बाहर होखे के पड़ल। महिला सिंगल्स में आकर्षी जापान के यामागुची से पार पावे में असफल रहली आ 17-21, 17-21 से हार गइली।

महिला डबल्स में त्रीशा जाली आ पुलेला गायत्री गोपीचंद के भारतीय जोड़ी जापान के सयाका होबारा आ सुइजू के जोड़ी के खिलाफ पहिला गेम गंववला के बाद सानदार वापसी करत 11-21, 21-15, 21-14 से जीत दर्ज कइलस। मिक्स्ड डबल्स में रोहन कपूर आ एन सिक्की रेड्डी के जोड़ी ताइवान के ये होंग वेई आ ली चिया ह्सिन के जोड़ी के खिलाफ पहिला गेम के बढ़त के बरकरार ना रख सकल। भारतीय जोड़ी 21-18, 9-21, 18-21 से मुकाबला गंववलस।

609500cookie-checkकिदांबी श्रीकांत आ प्रणय BWF Japan Open के प्री क्वार्टर फाइनल में पहुंचल लो, हार के संगे थमल आकर्षी के सफर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.