[the_ad_group id="30365"]

Canada: कनाडा में खालिस्तानी नेता हरदीप सिंह निज्जर के गोली मारके हत्या, एक हफ्ता में दूसरका बड़ नेता के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कनाडा में एगो प्रमुख खालिस्तानी नेता हरदीप सिंह निज्जर के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल बा।। कनाडा के सरे में इस्थित गुरु नानक सिख गुरुद्वारा के नजदीक दु गो अज्ञात हमलावर निज्जर पs हमला कइले सs, जेमे ओकर मौत हो गइल। हरदीप सिंह निज्जर गुरु नानक सिख गुरुद्वारा के अध्यक्ष रहे आ कनाडा में चरमपंथी संगठन सिख फॉर जस्टिस (एसएफजे) के प्रमुख चेहरा रहे।

चरमपंथी संगठन ‘सिख फॉर जस्टिस’ के बड़ चेहरा

सिख फॉर जस्टिस पs भारत में प्रतिबंध बा। बीतल दिनन कनाडा के ब्रैम्पटन शहर में भइल खालिस्तान पs भइल जनमत संग्रह में सिख फॉर जस्टिस संगठन के हाथ रहे। एनआईए हरदीप सिंह निज्जर के खिलाफ देस में हमलन के साजिश रचला के आरोप में केस दर्ज कइले रहे। निज्जर पs साल 2022 में एनआईए 10 लाख रुपिया के इनाम घोषित कइले रहे। भारत के सरकार कनाडा के सरकार से निज्जर के खिलाफ कार्रवाई करे के अपील कइले रहे।

एक हफ्ता में दूसरका बड़ खालिस्तान नेता के मौत

बीतल हफ्ता में दु गो बड़ खालिस्तानी नेता लोगन के मौत हो चुकल बा। कुछ दिन पहिलही ब्रिटेन में एगो आउर खालिस्तानी नेता अवतार सिंह खांडा के मौत हो गइल रहे। अवतार सिंह खांडा, खालिस्तान लिबरेशन फोर्स के ब्रिटेन चीफ रहे। मेडिकल रिकॉर्ड में पता चलल रहे कि अवतार सिंह खांडा ब्लड कैंसर से पीड़ित रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]