[the_ad_group id="30365"]

Kerala: बदलल जाई केरल के नांव! विधानसभा सर्वसम्मति से पास कइलस प्रस्ताव, जानीं का होई नया नांव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Kerala: मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन के ओर से पेश  कइल गइल एह प्रस्ताव के सत्ता पक्ष आ विपक्ष बिना कवनो विरोध के पारित कऽ देलस। प्रस्ताव जवना में केरल का नांव बदलकर केरलम करे के मांग कइल गइल रहे अब मंजूरी खातिर केंद्र के भेजल जाई। पिछला साल अगस्त महिनो में अइसन प्रस्ताव पास कइल गइल रहे बाकिर तकनीकी कारण से सफल ना हो सकल रहे।

केरल विधानसभा में राज्य के नांव बदले के प्रस्ताव सर्वसम्मति से पारित कऽ दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन ओर से पेश कइल गइल एह प्रस्ताव के सत्ता पक्ष आ विपक्ष बिना कवनो विरोध के पारित कऽ देलस।

प्रस्ताव, जवना में केरल के नांव बदल के ‘केरलम’ करे के मांग कइल गइल रहे, अब मंजूरी खातिर केंद्र के भेजल जाई। संयोग से, पिछला साल अगस्त में, एही तरे के एगो प्रस्ताव सर्वसम्मति से पारित कइल गइल रहे आ संविधान के अनुच्छेद 3 के तहत राज्य के नांव में संशोधन खातिर “तत्काल कदम” के मांग करत केंद्र के भेजल गइल रहे।

सफल ना हो सकल रहे पिछला प्रस्ताव

ई अनुच्छेद राज्यन के गठन, उनका क्षेत्र, सीमा भा मौजूदा राज्यन के नांव में कवनो बदलाव से संबंधित हऽ। हालांकि, एगो तकनीकी आपत्ति के चलते पिछला प्रस्ताव सफल ना हो सकल रहे। एकरे के ध्यान में राखत, विधानसभा सोमवार के एगो नया प्रस्ताव पारित करे के फैसला कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]