[the_ad_group id="30365"]

केरल में कोरोना वायरस के 300 नया मामिला, 3 गो के मउत; देशभर में 2,669 एक्टिव केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देश में कोरोना के मरीज लगातार बढ़त बाड़े। स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक केरल में 20 दिसंबर के कोरोना संक्रमण के 300 नया सक्रिय मामिला दर्ज भईल। तीन जने के मउत हो गईल, जेकरा बाद देश में कोविड-19 के कुल सक्रिय केस के संख्या बढ़ के 2,669 हो गईल बा। कोरोना वायरस के नया वेरिएंट के सामने के बढ़त चिंता के बीच केरल के एगो स्वास्थ्य विशेषज्ञ बुध के कहले कि कोविड कवनो संक्रामक बेमारी निहन बा, जवना के पूरा तरीका से खतम नईखे कईल जा सकत। उ कहले कि बेमारी के स्ट्राइक रेट में कमी आईल बा।

कोरोना के चलते मरेवाला के संख्या में कमी आईल बा

स्वास्थ्य विशेषज्ञ कहले कि कोरोना के पूरा तरीका से खतम ना कईला के बावजूद भी बेमारी के प्रकोप में कमी आईल बा। एकरे साथे मौत के दर मने कि एह बेमारी से मरे वाला लोग के संख्या भी पहिले नियर नइखे। डॉ. श्रीजीत एन कुमार एएनआई से बतवले कि अब कोरोना संक्रमण कवनो दोसर इन्फ्लूएंजा भा दोसर आम सर्दी निहन बा। एही बीच केंद्रीय स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्री डॉ. मनसुख मंडाविया बुध के भारत के कोविड-19 के स्थिति अवुरी कोविड-19 के निगरानी, रोकथाम अवुरी प्रबंधन खातीर जनस्वास्थ्य प्रणाली के तत्परता के समीक्षा कईले। ई समीक्षा बैठक हाल में कुछ राज्यन में कोविड-19 केस में बढ़ोतरी के देखत भइल रहे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]