[the_ad_group id="30365"]

केरल के मलप्पुरम में बड़ हादसा, नाव पलटला से अब ले 21 लोगन के मौत, रेस्क्यू अभियान जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केरल में मलप्पुरम जिला के तानुर इलाका में ओट्टुम्पुरम के समीप एगो हाउसबोट अतवार सांझ के डूब गइल, जवना से ओमे सवार लईकन समेत 21 लोगन के मौत हो गइल। पुलिस एकर जानकारी देलस। पुलिस बतवलस कि दुर्घटना स्थल से मिलल सूचना के अनुसार नौका पs करीब 30 यात्री सवार रहे लो, जेमे से 21 के मौत हो गइल जबकि करीब 9 यात्रियन के नजदीकी निजी आ सरकारी अस्पतालन में भर्ती करावल गइल बा।

केरल के मंत्री वी अब्दुर्रहमान बतवलें कि ई हादसा सांझ के करीब सात बजे भइल। ऊ बतवलें कि अभी हादसा के वजह के पता नइखे चल आ डूबल नौका के तट तक ले आवे के कोसिस कइल जा रहल बा।

घटनास्थल जइहें सीएम विजयन, आधिकारिक शोक घोषित

मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन मौतन पs शोक व्यक्त करत एगो बयान जारी कइलें आ मलप्पुरम जिला कलेक्टर के आपातकालीन बचाव अभियान चलावे के निरदेस देलें। बयान में कहल गइल बा कि अग्निशमन, पुलिस आ स्वास्थ विभाग के अधिकारी आ स्थानीय लोग बचाव अभियान में सामिल रहे। सीएम आज घटनास्थल के दौरा करिहें।

सीएम कार्यालय के मोताबिक, सोमार के दिन आधिकारिक शोक के दिन घोषित कइल गइल बा आ संगही पीड़ितन के सम्मान में सब सरकारी कार्यक्रम रद्द कs दिहल गइल बा।

 

 

पीएम जतवलें शोक, सहायता राशि के घोषणा 

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी ट्वीट कs के हादसा पs दुख जतवलें । ऊ पीएम राहत फंड से मृतकन के स्वजन के दु-दु लाख रुपिया देवे के एलान कइलें।

राष्ट्रपति-उपराष्ट्रपति जतवाल लो दुख

हादसा के जानकारी मिलला पs राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु जनहानि पs शोक व्यक्त कइलें। मुर्मु घटना में अपना प्रियजनन के खोवे वाला परिवारन के प्रति आपन संवेदना व्यक्त कइली। ओहिजा, उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ घटना में लोगन के मौत पs दुख जतवलें या।

उपराष्ट्रपति धनखड़ ट्वीट कs के कहलें कि केरल के मलप्पुरम में नाव पलटला के घटना में लोगन के मौत से गहिराह दुख भइल बा। ऊ कहलें कि हमार संवेदना शोक संतप्त परिवारन के साथे बा। हम सभे के सुरक्षित बचाव आ घायलन के जल्दी स्वस्थ होखे के प्रार्थना करत बानी।

राहुल गांधी के कार्यकर्ता लोगन से सहायता करे के अपील

कांग्रेस नेता राहुल गांधी सोमार के केरल में मलप्पुरम नाव पलटला के घटना में लोगन के मौत पs दुख व्यक्त करत कहलें कि ऊ एह खबर से “परेसान” बाड़ें। राहुल ट्वीट कs के कहलें कि केरल हादसा के खबर से मैं व्याकुल बानी। ऊ आगे कहलें कि हम कांग्रेस कार्यकर्ता लोगन से बचाव के काम अधिकारियन के सहायता करे के अपील करत बानी।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]