केरल: चर्च परिसर में मिलल सूटकेस के अंदर निकलल मानव कंकाल, पुलिस शुरू कइलस जांच

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2025

केरल के कोल्लम में एगो चर्च परिसर में एगो सूटकेस के भीतर एगो कंकाल मिलल बा। इs कंकाल सीएसआई चर्च के कब्रिस्तान के नजदीक मिलल बा। पुलिस मौका पs पहुंचल बिया अवुरी जांच शुरू कs

Share

केरल में चर्च परिसर में मिलल सूटकेस के अंदर निकलल मानव कंकाल

केरल के कोल्लम में एगो चर्च परिसर में एगो सूटकेस के भीतर एगो कंकाल मिलल बा। इs कंकाल सीएसआई चर्च के कब्रिस्तान के नजदीक मिलल बा। पुलिस मौका पs पहुंचल बिया अवुरी जांच शुरू कs देले बिया। प्रारंभिक जांच में पाता चलल कि इs इंसान के कंकाल हs।

पुलिस एs एंगल से जांच करतिया

पुलिस के मानल ​​बा कि ई एगो शव हs जवन कई साल पुरान बा. इs हत्या के मामला हो सकता। पुलिस मामला के वैज्ञानिक तरीका से जांच शुरू कs देले बिया अवुरी पुरान लापता रिकॉर्ड के जांच कईल जाता। कंकाल सड़न के हालत में बा। पुलिस के कहल बा कि संभव बा कि केहु एकरा के बक्सा में डाल के ओहिजा छोड़ देले होई। ई सूटकेस आज सबेरे चर्च में काम करे आइल लोग देखले रहे। पाइपलाइन मार्ग पs काम करत घरी एगो चर्च कब्रिस्तान के लगे जंगली इलाका में सूटकेस मिलल बा.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.