[the_ad_group id="30365"]

केजरीवाल के पत्नी लोगन से मंगली समर्थन, जारी कइली व्हाट्सएप नंबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के पत्नी सुनीता केजरीवाल जनता से समर्थन के गुहार लगवली। एकरा खातीर उs शुकa के एगो व्हाट्सएप नंबर जारी कईली। 8297 324 624 नंबर देत सुनीता केजरीवाल कहली कि हम व्हाट्सएप नंबर दे रहल बानी। आज से हमनी के ‘केजरीवाल के आशीर्वाद’ नाम से एगो अभियान शुरू कs रहल बानी जा। रउआ अरविंद के आशीर्वाद भा कवनो दोसर संदेश एह नंबर पs दे सकेनी।

सुनीता केजरीवाल जनता से व्हाट्सएप के माध्यम से समर्थन लेवे के भावनात्मक अपील कईले बाड़ी। उ कहली कि, आप अरविंद के आपन भाई, आपन बेटा कहले बानी, का तू एs लड़ाई में आपन भाई, बेटा के साथ ना देब। हमरा पूरा विश्वास बा कि हमनी के सभे मिल के इs लड़ाई लड़ब। आज से हमनी के मुहिम शुरू करब। जेकर नाम बा ‘केजरीवाल को आशीर्वाद’।रउआ अपना अरविंद के एह नंबर पs आशीर्वाद दे सकेनी।रउआ आपन शुभकामना भेज सकेनी, अरविंद केजरीवाल के आपन दुआ भेज सकेनी भा अगर रउआ कवनो दोसर संदेश भेजल चाहत बानी तs उहो भेज सकेनी।

केजरीवाल के पत्नी के कहनाम बा कि बहुत महतारी-बहिन अपना अरविंद खातीर एगो शुभकामना मंगले बाड़ी, चाहें तs उहो लिख के भेज सकतानी। लोग हमरा के फोन कs के बतवले कि अरविंद केजरीवाल खातिर कई गो माई-बहिन व्रत रखले बाड़ी, इs सब बात रऊवा लिख ​​के एही व्हाट्सएप नंबर पs भेज सकेनी।

सुनीता के कहनाम बा कि एकरा अलावे जदी अवुरी कुछूओ लिखित रूप में भेजल चाहतानी तs एs नंबर पs भेज सकतानी। एक-एक संदेश उs लोग तक पहुंच जाई।

केजरीवाल के पत्नी कहली कि जेल में सबके मैसेज देके आएब।

प्रेस कांफ्रेंस देत सुनीता बतवली कि संदेश देवे खातीर आम आदमी पार्टी के होखल जरूरी नईखे। रउरा जवना पार्टी के होखीं, केजरीवाल के आपन संदेश दे सकेनी। उ अपील कईली कि सभ महिला, युवा, बच्चा, अमीर-गरीब अरविंद के कुछ ना कुछ संदेश लिखे। एकरा संगे सुनीता केजरीवाल जनता से अपील कईले बाड़ी कि ए व्हाट्सएप नंबर के भी प्रचार कईल जाए।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]