Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

घर में तोता पालल शुभ होला कि अशुभ, जानीं का कहsता वास्तु शास्त्र

1,439

जानवर अउर पक्षी वास्तव में एह संसार के सबसे अद्भुत प्राणियन में से एक बानें अउर एहमें कौनो संदेह नइखे कि हम अइसन पालतू जानवरन के रखल पसंद करेनीं जौन हमनींके प्यार के माहौल देने सब। पालतू जानवर घर में खुशनुमा अउर प्यारा माहौल बनावे में मदद करेने सब।

ज्यादातर लोग अपने घर में पालतू जानवरन अउर पक्षियन के पालेने। जौने तरह के जानवर में कुत्ता से लोग के बहुत लगाव होला, अइसहीं पक्षियन में तोता से लोग के लगाव होला। कहल जाला कि तोता पालल केहू खातिर शुभ होला त केहू खातिर अशुभ। आईं जानल जाव कि तोता पालना शुभ होला आ कि अशुभ।

घर में तोता पालल शुभ काहें

  • वास्तु शास्त्र के अनुसार घर के उत्तर दिशा में तोता या फिर तोता रखल बहुते शुभ मानल जाला। मानल जाला कि एहसे बचवन के पढ़ाई में मन लागsला अउर उनकर स्मरण शक्ति बढ़sला।
  • जौन व्यक्ति अपने घर तोता पालेने त एहसे बीमारियन के खतरा कम हो सकsता अउर लोग के मन में निराशो कम होला।
  • जदि रउआ घर में तोता पालतनीं चाहे ओकर तस्वीर लगावsतनी त एहसे राहु केतु अउर शनि के बाउर नजर आपके घर पर नाइ पड़sला। एके पलले से केहू खातिर अकाल मृत्यु नाइ होला।
  • जदि तोता के घर में पिंजरे में रखल जाव त अइसे में उनकर खुश रहल बहुत जरूरी बा वरना जदि तोता नाराज हो जाय त ऊ आपके घर के बद्दुओ दे सकsता, जेकर नकारात्मक प्रभाव आपके जीवन पर पड़ सकsता।
  • तोता के पलले से पति पत्नी के रिश्ता बेहतर होला। सथही माहौल में सकारात्मकता बढ़sला।

तोता पालल अशुभ काहें

  • जदि केहू के कुंडली में तोता के योग नइखे अउर ऊ तोता पालsता त ई अपव्यय का कारण हो सकsता।
  • अइसनो कहल जाला कि अगर तोता खुश नइखे होत, त ऊ अपने मालिक के बददुआ देला। कौनो जीव चाहे पक्षी के बंधक बना के रखल उचित नाइ होला।
  • अगर केहू के घर में लड़ाई-झगड़ा के माहौल होला त तोता ओ शब्द के सुनsला अउर फिर उनके दोहरावला। अइसे में तोता के फल शुभ नाइ होला।
406030cookie-checkघर में तोता पालल शुभ होला कि अशुभ, जानीं का कहsता वास्तु शास्त्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.