Kashi Vishwanath: बढ़ावल जाई विश्वनाथ मंदिर के सुरक्षा, लागी 20 टावर वॉच; लागू होई PIDS सिस्टम

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 22, 2024

Kashi Vishwanath: सावन माह के लेके मंदिर के आसपास के सुरक्षा के बढ़ावल जाई। एह मार्ग पs आए – जाए वाला वाहनन पs खास निगरानी राखल जाई। साथही श्रद्धालुअन के सहूलियत के लेके विमर्श कइल

Share

Kashi Vishwanath: सावन माह के लेके मंदिर के आसपास के सुरक्षा के बढ़ावल जाई। एह मार्ग पs आए – जाए वाला वाहनन पs खास निगरानी राखल जाई। साथही श्रद्धालुअन के सहूलियत के लेके विमर्श कइल जाई।

वाराणसी में काशी विश्वनाथ मंदिर के सुरक्षा बढ़ावे के के प्रस्ताव शासन के भेज दिहल गइल बा। एडीजी सुरक्षा बहुत जलदिए एपर बइठको करी। PIDS (परिधि घुसपैठ जांच प्रणाली) सिस्टम के तरे सुरक्षा करे के प्रस्ताव बा। निगरानी खातिर  20 टावर वॉचो लगवावे के योजना बा। मंदिर परिसर के ओर जाए वाला वाहनन के ऑटोमेटिक स्कैनिंगो होई।

बतावल जा रहल बा कि सावन माह के लेके काशी विश्वनाथ मंदिर में सुरक्षा व्यवस्था बढ़वल जाई। एकरा के लेके पहिलहीं से जिला प्रशासन तइयारियो कर रहल बा। सुरक्षा के बारिकियन पs एडीजी सुरक्षा जिला के अधिकारियन से विमर्श करिहें। साथही दिशा-निर्देश दिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.