[the_ad_group id="30365"]

जादा टोल से लोग परेशान? गडकरी बोलले- इंतजार करीं, अच्छा होई… चल रहल बा तैयारी!

हाईवे पs टोल देबे वालन खातिर राहत के खबर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाईवे पs टोल देबे वालन खातिर राहत के खबर बा. सरकार जल्दिए आम जनता खातिर एगो योजना बनावे में लागल बिया। जेहसे कि हाईवे अवुरी एक्सप्रेसवे पs बनल टोल प्लाजा पs बार-बार टोल टैक्स देवे के जरूरत ना पड़े। एक बेर पईसा देके पूरा साल ले टोल प्लाजा से गुजर सकतानी।

जल्दिए रउरा मासिक के अलावा सालाना टोल पास लेबे के सुविधा मिल सकेला. अगर रउरा चाहत बानी तs आजीवन टोल पास मिल सकेला. एह पास के मदद से रउरा साल भर राष्ट्रीय राजमार्ग पs बिना कवनो बाधा के यात्रा कs सकीलें. आ लाइफटाइम टोल पास के माध्यम से रउआ 15 साल ले बिना टोल दिहले हाईवे पs गाड़ी चला सकेनी। केंद्र सरकार जल्दिए सालाना आ आजीवन टोल पास के सुविधा ले आवे वाली बिया. फिलहाल मात्र मासिक टोल पास बा। सालाना आ आजीवन टोल पास के सुविधा जल्दिए शुरू होखे वाला बा.

इहो पढ़ीं: Mathura News: प्रेमानंद महाराज के रात्रि दर्शन भइल बंद, अब नाहीं निकली पदयात्रा

एह पास के शुल्क के संबंध में अंतिम दर के खुलासा नईखे भईल, बाकिर प्रस्ताव के मुताबिक सालाना पास खातीर 3000 रुपया अवुरी लाइफटाइम टोल पास खातीर 30,000 रुपया देवे के पड़ सकता। एह सालाना भा आजीवन टोल पास खातिर रउरा कवनो नया कार्ड खरीदे के जरूरत ना पड़ी. पास खाली फास्टैग के माध्यम से सक्रिय होई। बता दीं कि हालही में एगो साक्षात्कार में केंद्रीय सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी टोल देबे वाला लोग के राहत देबे के संकेत दिहले रहले.

उs कहले कि सड़क परिवहन मंत्रालय राष्ट्रीय राजमार्ग पs यात्री के राहत देवे खातीर एक समान टोल नीति पs काम करतिया। दरअसल बिजनेस टुडे के विशेष कार्यक्रम ‘बजट राउंड टेबल’ में नितिन गडकरी से बढ़त टोल दाम के बारे में पूछल गईल। नया टोल नीति के बारे में जानकारी देवे के संगे-संगे सभके उम्मेद पूरा होखे के बात कहले। एकरा संगे उs कहले कि जदी आपके निमन सेवा मिली तs ओकरा खातीर पईसा देवे के होई, जवन कि आपके जेब पs तनी भारी पड़ सकता। 

नितिन गडकरी कहले कि जदी तनी पईसा देके बेहतर सुविधा दिहल जाता तs लोग के एकर शिकायत ना करे के चाही। बजट में कैपेक्स के संबंध में सवाल पs गडकरी कहले कि पछिला 25 साल के बजट के देखल जाए तs इs आम बात बा। सरकार के ध्यान विकास पs बा। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]