[the_ad_group id="30365"]

कंपनी के टॉयलेट में लिखलस पाकिस्तान समर्थक नारा, पुलिस दु गो आरोपियन के दबोचले

विराट कोहली
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक के रामनगर शहर में एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा।  इहाँ एगो ऑटोमोबाइल कंपनी के शौचालय के दीवार पs पाकिस्तान के समर्थन में नारा लिखे के घटना सोझा आईल बा।  पुलिस शिकायत के आधार पs एs मामला में दु आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया।  आरोपी के पहचान अहमद हुसैन अवुरी सादिक नाम के दु युवक के रूप में भईल बा।

पूरा बात का बा?

असल में इs पूरा मामला कर्नाटक के रामनगर के बिड़दी इलाका से सोझा आईल बा।  इहाँ टोयोटा ऑटोमोबाइल फैक्ट्री में कंपनी के एचआर 15 मार्च के एगो नोटिस लगा देले रहले।  फैक्ट्री के भीतर शौचालय के दीवार पs पाकिस्तान समर्थक नारा लिखल मिलल एs नोटिस में कर्मचारी के अयीसन करे से बचे के चेतावनी दिहल गईल।  नोटिस में लिखल रहे कि अयीसन कार्रवाई से गंभीर अनुशासनात्मक कार्रवाई अवुरी कानूनी नतीजा हो सकता।

कंपनी एकर शिकायत दर्ज करवलस

शौचालय में लिखल पाकिस्तान समर्थक नारा के लेके कंपनी के ओर से पुलिस में शिकायत दर्ज करावल गईल।  एकरा बाद पुलिस मामला के छानबीन करत अहमद हुसैन अवुरी सादिक नाम के दु युवक के गिरफ्तार कs लेलस, जवन कि पछिला एक साल से कंपनी में ठेका पs काम करत रहले।  पुलिस के कहनाम बा कि एs मामला में उनुकर जांच अबे ले जारी बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]