[the_ad_group id="30365"]

कर्नाटक चुनाव : भाजपा उम्मीदवारन के नाम पे आजु मुहर लाग सकेला, जेपी नड्डा के घरे भइल बइठक में नाम पे भइल चरचा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक चुनाव : भाजपा उम्मीदवारन के नाम पे आजु मुहर लाग सकेला, जेपी नड्डा के घरे भइल बइठक में नाम पे भइल चरचा

कर्नाटक विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा अतवार के दिने अपना उम्मीदवारन के नाम के एलान क सकेले| भाजपा के केंद्रीय चुनाव समिति के बइठक होखे वाला बा जवना में उम्मीदवारन के नाम अंतिम रूप देबे के संभावना बा| एकरा से पहिले शनिवार के पार्टी के संसदीय पार्टी के बैठक नई दिल्ली में पार्टी अध्यक्ष जेपी नड्डा के आवास पे भईल, जवना में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह अउरी कर्नाटक के मुख्यमंत्री बसवराज बोम्माई शामिल भईले।

सूत्रन से पता चलल कि संसदीय बोर्ड के बैठक में कर्नाटक भाजपा के अध्यक्ष नलिन कुमार कटील, कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री बीएस येदियुरप्पा, केंद्रीय मंत्री मनसुख मांडविया अउरी बाकी राज्य के नेता भी मौजूद रहले। एह बइठक में संभावित उम्मीदवारन के नाम पे चरचा भइल | मानल जाता कि उम्मीदवार के सूची भी लगभग तैयार हो चुकल बा। रविवार के होखेवाला पार्टी के केंद्रीय चुनाव समिति के बैठक में चर्चा के बाद एकरा पे मुहर लगावल जा सकता।

बैठक से पहिले बोम्मई पत्रकारन से कहले रहले कि सभ सीट पे संभावित उम्मीदवार के नाम पे चर्चा होई। 224 सदस्यीय कर्नाटक विधानसभा के मतदान 10 मई के होई अउरी वोट के गिनती 13 मई के होई। भाजपा अबहीं ले अपना कवनो उम्मीदवार के एलान नइखे कइले |

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]