Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कर्नाटक में हिजाब विवाद में एगो आदमी के चाकू मार के हत्या

कर्नाटक में हिजाब विवाद हिंसक रूप धइल सुरु क देहले बा|

112
सीवान इन्शुरेंस 720 90

देस में चले आला ताजा मुद्दा हिजाब के विवाद दूसर अउर खतरनाक रूप धइल सुरु क देहले बा| अब ई हिंसओ पs उतर आइल बा| कर्नाटक के शिवगोमा में एगो आदमी के चाकू मार के ह्त्या क देहल गइल बा| मूए आला आदमी बजरंग दल के बतावल जाता| पुलिस ए पूरा मामिला के हिजाब विवाद से मान के देखतिया| घटना के चलते पूरा मोहल्लवे नाइ बल्कि शहर में तनाव के माहौल लउकत बा| एकर खतरा के भांप के पुलिस आपन चौकसी बढ़ा देहले बा| एसे धरम के नाव पs होखे आला दंगा बढ़ले के सुबहाँ बढि गइल बा|

 

साभार – अमर उजाला

220060cookie-checkकर्नाटक में हिजाब विवाद में एगो आदमी के चाकू मार के हत्या

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.