[the_ad_group id="30365"]

Fraud: करिश्मा तन्ना के पति वरुण बंगेरा आ अभिनेता समीर कोचर के साथे भइल करोड़ों के ठगी, पुलिस दर्ज कइलस केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बॉलीवुड अभिनेत्री करिश्मा तन्ना के पति वरुण बंगेरा अवुरी टीवी अभिनेता समीर कोचर के संगे धोखाधड़ी के मामिला सोझा आईल बा। करिश्मा तन्ना, वरुण बंगेरा आ समीर कोचर एगो रियल एस्टेट डेवलपमेंट फर्म के मालिक आ चलावे वाला जोड़ा के खिलाफ 1.3 करोड़ रुपिया के कथित धोखाधड़ी के मुकदमा दर्ज करवले बाड़न। ए मामिला में ए जोड़ी पs आरोप लगावल गईल बा कि उ लोग बांद्रा में फ्लैट बेचे के नाम पs धोखाधड़ी कईले बाड़े।

सितारन के धोखा दिहलस

ए मामिला में पुलिस के कहनाम बा कि, प्रोनीत प्रेम नाथ अवुरी उनुकर पत्नी अमीशा पs 2022 में बांद्रा में आपन निर्माण स्थल पs फ्लैट बेचे के नाम पs शिकायतकर्ता के परिवार के संगे 1.03 करोड़ रुपिया के धोखाधड़ी करे के आरोप बा। शिकायत के मुताबिक कोचर अवुरी करिश्मा तन्ना के पति वरुण बंगेरा 2020 में बियाह के बाद प्रोनीत नाथ अवुरी उनुका पत्नी अमीशा से बांद्रा वेस्ट के पाली इलाका में दुगो फ्लैट खरीदे के फैसला कईले रहले।

फ्लैट पहिलही से बिक चुकल रहे

समीर कोचर एक करोड़ 95 लाख में फ्लैट खरीदले अवुरी वरुण बंगेरा 90 लाख रुपिया में फ्लैट खरीदले। एकरा खातीर समीर 58 लाख 50 हजार अवुरी वरुण 44 लाख 66 हजार रुपिया देले, जवना के बाद जून 2023 में आरोपी कहले कि उ लोग फ्लैट के बेचल नईखन चाहत, लेकिन पाता चलल कि संबंधित फ्लैट पहिलही बेच चुकल बा।

पुलिस केस दर्ज कs लिहलस

अब ए मामिला में मुंबई के अंधेरी पुलिस आरोपी पति-पत्नी के खिलाफ आईपीसी के धारा 409 अवुरी 420 के तहत मामिला दर्ज कs के जांच शुरू कs देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि ए मामिला में आगे के जांच चलता, जवना खातीर अवुरी जानकारी जुटावल जाता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]