[the_ad_group id="30365"]

Kalki 2898 AD: ई तऽ स्पेसशिप हऽ…इंडिया के पहिला फार्मुला 1 ड्राइवर नारायण कार्तिकेयन चलवले प्रभास के बुज्जी, देले अइसन रिएक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Kalki 2898 AD Car Bujji: मोस्ट अवेटेड फिल्म कल्कि 2898 एडी में प्रभास जवन कार चलइले बाड़े, ओकरा के देखके भारत के पहिला फार्मुला 1 ड्राइवर नारायण कार्तिकेयनो हैरान रह गइले। कल्कि के मेकर्स एगो वीडियो शेयर कइले बाड़े, जवना में नारायण फिल्म में इस्तेमाल कइल गइल गाड़ी के ड्राइव करत देखाई दे रहल बाड़े। एह गाड़ी के नांव मेकर्स लो बुज्जी रखले बा। एकरा के फिल्म में एगो रोबोटिक कार के तौर पs इस्तेमाल कइल गइल बा।

नारायण कार्तिकेयन प्रभास के बुज्जी (Bujji) चलवले बाड़े। ई गाड़ी फिल्म कल्कि 2898 एडी में प्रभास चलवले बाड़े आ मेकर्स इस गाड़ी के ज़रिए फिल्म के खूब प्रमोट कर रहल बाड़े। मेकर्स गाड़ी के स्टीयरिंग उऽ शख्स के हाथ में थमवले जे रफ्तार के बेताज बादशाह हउअन। मेकर्स इंस्टाग्राम पs एगो वीडियो शेयर कइले बाड़े, जवना में नारायण एह तगड़ा गाड़ी के निहारते आ चलावत नज़र आ रहल बाड़े।https://www.instagram.com/reel/C7bskuryYXe/?igsh=dHV0anM2cnc3cG51

वीडियो में दिख रहल बा कि जब गाड़ी चलाके नारायण कार्तिकेयन नीचे उतरत बाड़े तऽ तऽ कहत बाड़े, “शानदार, ई तऽ स्पेसशिप के जइसन बा” उऽ एह बात पs हैरानी जतवले कि अइसन कार के बारे में सोचल कइसे गइल ? ये कार खासतौर पs फिल्म के खातिर तैयार कइल गइल बा। नारायण एह कार में बइठ के रफ्तार से बात करत देखाई देलें।

अब तक के सबसे महंगा फिल्म बिया कल्कि

कल्कि अब तक के देश के सबसे महंगा फिल्म बतावल जा रहल बिया। एह फिल्म के बनावे में मेकर्स करीब 600 करोड़ रूपिया खर्च कऽ देले बाड़े। फिल्म में कवनो कमी ना छूटे एकर निर्देशक नाग अश्विवन आ प्रोड्यूसर्स पूरा खयाल राख रहल बाड़े। फिल्म में प्रभास जवन गाड़ी चलइहें ओकरो के खास तौर से डिजाइन कऽ के तैयार कइल गइल बा। एह कार के नांव बुज्जी राखल गइल बा। एकरा के बनावे में मेकर्स आनंद महिद्रा से मदद लेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]