[the_ad_group id="30365"]

बिहार के कैमूर में दर्दनाक हादसा, ट्रक, बाइक, ई-रिक्शा आ ऑटो के रउदलस, दु के मौत; आधा दर्जन लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के कैमूर जिला में सोमार के दुपहरिया एगो दर्दनाक हादसा में दु लोगन के मौत हो गइल, जबकि आधा दर्जन लोग घायल बा। बतावल जा रहल बा कि मोहनियां नगर के मुंडेश्वरी गेट के लगे धान लदल एगो अनियंत्रित ट्रक सड़क पs लोगन के रउदत चल गइल। ट्रक के टक्कर से बाइक, ई-रिक्शा आ ऑटो पs सवार आधा दर्जन से बेसी लोग एकरा चपेट में आ गइल।

भयानक हादसा के बाद दु लोगन के मवके पs मौत हो गइल। ओहिजा, आधा दर्जन लोग घायल हो गइल बा। घटना के बाद मवका पs चीख-पुकार मच गइल। आनन-फानन में सब घायलन के अनुमंडल अस्पताल मोहनियां ले जाइल गइल बा। सभे के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

ठेला से घायल के अस्पताल पहुंचावत लोग

मृतकन आ घायलन में अभी केहूओ के पहचान नइखे हो सकल। घटना के बाद मवका पs बहुते संख्या में लोगन के भीड़ जुटल बा आ लोगन में जबरदस्त आक्रोश बा। एकरा के देखत पर्याप्त संख्या में पुलिस बल के तैनात कs दिहल गइल बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]