[the_ad_group id="30365"]

कैलाश मानसरोवर यात्रा 5 साल बाद फेर से होई शुरू, जानीं कइसे करीं ऑनलाइन आवेदन

कैलाश मानसरोवर यात्रा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पांच साल के अंतराल के बाद कैलाश मानसरोवर यात्रा एs साल 30 जून से शुरू होई। यात्रा के देखरेख करेवाला विदेश मंत्रालय के कहनाम बा कि अगस्त ले तीर्थ यात्रा जारी रही, जवना खातीर आवेदन के विंडो खुल गईल बा। तिब्बत के कैलाश पर्वत अवुरी मनसरोवर झील के तीर्थ स्थल पs 750 लोग के कुल 15 समूह जाई।

विदेश मंत्रालय के कहनाम बा कि उत्तराखंड से 50-50 तीर्थयात्री के लेके पांच बैच लिपुलेख दर्रा होत होई, जबकि 50-50 तीर्थयात्री के लेके 10 बैच सिक्किम से नाथू ला दर्रा होत जाई। इच्छुक तीर्थयात्री एह यात्रा खातिर ऑनलाइन आवेदन कs सकेलें।

एह वेबसाइट पs जाके कs सकेनी आवेदन

विदेश मंत्रालय के ओर से जानकारी दिहल गईल कि आवेदन स्वीकार करे खातीर वेबसाइट https://kmy.gov.in खोलल गईल बा। आवेदकन में से यात्री लोग के चयन निष्पक्ष, कंप्यूटर से बनल, आ लैंगिक संतुलित चयन प्रक्रिया का माध्यम से कइल जाई. 

पूरा प्रक्रिया ऑनलाइन होई

विदेश मंत्रालय के कहनाम बा कि ऑनलाइन आवेदन से लेके यात्री के चयन तक के पूरा प्रक्रिया पूरा तरीका से कम्प्यूटरीकृत बा। एहसे आवेदक के जानकारी लेबे खातिर चिट्ठी भा फैक्स भेजे के जरूरत नइखे. वेबसाइट पs दिहल प्रतिक्रिया विकल्पन के इस्तेमाल जानकारी लेबे, टिप्पणी रजिस्टर करे भा सुधार खातिर सुझाव देबे खातिर कइल जा सकेला.

कैलाश मानसरोवर में भारी संख्या में लोग आवेला

बता दीं कि कैलाश मानसरोवर यात्रा साल 2020 से नइखे भइल, सरकार हर साल जून में कैलाश मनसरोवर यात्रा के आयोजन दू गो आधिकारिक मार्ग से करेले, उत्तराखंड के लिपुलेख दर्रा (1981 से) आ सिक्किम के नाथू ला (2015 से) से होके। हालांकि चीन के संगे तनाव के चलते पछिला कुछ साल से इ यात्रा बंद हो गईल रहे। कैलाश मानसरोवर यात्रा के हिन्दू, जैन आ बौद्ध लोग खातिर धार्मिक महत्व बा आ हर साल हजारों तीर्थयात्री कैलाश मानसरोवर आवेलें।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]