[the_ad_group id="30365"]

मशरक के कर्णकुदरिया में गहना आ 2 लाख 63 हजार नगद चोरी, थाना पुलिस सुरू कइलस जांच पड़ताल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण): मशरक में गहना आ 2 लाख 63 हजार रूपिया नगद चोरी हो गइला के समाचार बा। थाना क्षेत्र के कर्णकुदरिया गांव के नवल ठाकुर के लईका अंकित कुमार मशरक थाना में एगो आवेदन देलें बाड़े कि हमरा घर में रात में सब केहू खाना खाके सुत गइल रहे। तबे घर के अलमारी खोलके गहना सहित नगद रूपिया चोरन द्वारा चोरी कs लिहल गइल बा।

चोर अलमारी से एगो मंगल सुत्र, दुगो जिऊतिया, दुगो कान के बाली, दुगो हनुमान जी, दुगो अंगुठी, तीन पीस नाक में के गहना, दु पीस चांदी के पायल, पांच पीस चांदी ले सिक्का सहित 2लाख 63 हजार रुपिया नगद चोरी कs लेले बाड़े सs। जब हमनी के हल्ला कइनी सs तs देखनी कि विवेक कुमार आ प्रिंस कुमार भागे में सफल रहल लो। थाना पुलिस जांच-पड़ताल में जुटल बिया।

साभार: मशरक न्यूज (बिहार)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]