[the_ad_group id="30365"]

जमीन के विवाद में जुवक के मौत: गोलियन के तड़तड़ाहट से गूंज उठल मिर्जापुर के गांव, खूनी झड़प में 15 लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मिर्जापुर जिला के अघोली गांव बियफ़े सुबह गोलियन के आवाज से दहल उठल। भूमि विवाद में दू पक्ष में खूनी संघर्ष हो गइल। गोली लगले से एगो व्यक्ति के मौत हो गइल। एह झड़प में दूनों पक्ष से कुल 15 लोग घाही भइलें जेमें से तीन लोग के गोली लागल बा। सूचना पर पहुंचल पुलिस घायलन के अस्पताल में भर्ती करा के मामिला के जांच पड़ताल में जुटल बा। भोरे-भोरे घटल एह घटना के बाद से गांव में तनाव बा।

देहात कोतवाली क्षेत्र के अघौली गांव में दू पट्टीदारन में जमीन के ले के नगदे समय से विवाद चलत आ रहल बा। एही विवाद के ले के बियफ़े के सुबह दूनों पक्ष आपस में भिड़ गइल। विवाद एतना बढ़ गइल कि कई राउंड फायरिंग भी हो गइल अउर एक गोली धर्मेंद्र कुमार पांडेय ( 50) के लाग गइल। मौका पर ही उनकर मौत हो गइल।

मारपीट के दौरान चली गोली से तीन लोग गोली लगले से घायल भी भइलें। एक पक्ष से विनोद कुमार पांडे, उनके पिता रमेश पांडे, चाचा ओमकार पांडे, निरंकार पांडे, मां सावित्री देवी घायल भइल बा लोग। दूसरे पक्ष से भी 10 लोग घायल भइल बानें। सूचना पर पुलिस मौका पs पहुंचल बा। घायलन के उपचार करा के मामिला के जांच पड़ताल कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]