[the_ad_group id="30365"]

BRD में जूनियर डॉक्टर फेर मां के इलाज करावे आइल तीमारदार के पीटल लो: रास्ता पूछला पs डॉक्टर जूतन से कइलें सs पिटाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपना अलग-अलग कारनामा के लेके हमेसा चरचा में रहे वाला गोरखपुर के BRD मेडिकल कॉलेज के एगो आउर कारनामा सामने आइल बा। मंगलर के दुपहरिया एगो तीमारदार के करीब एक दर्जन से जादे जूनियर डाक्टर पिटाई कs देलें सs। पीड़ित तीमारदार अपना मां के इलाज करावे इहां आइल रहे। ओकर गलती खाली एतने रहे कि ऊ डॉक्टरन से वार्ड के रास्ता पूछ लेलस।

फेर का रहे, डॉक्टरन के ई बात नागवार लागल। सब मिलके ओकरा के पीटे लागल। ओकरा के सीढ़ियन से घसीटत नीचे ले गइल। बीच-बचाव करे गइल ओकर मां के एगो जूनियर डॉक्टर हाथ पकड़के मरोड़ देलस, जवना से महिला के हाथ में चूड़ी टूटके धस गइल। पीटला के दौरान पुरान पर्ची काउंटर के बाहर पार्क के ग्रील टूट गइल। पिटाई में घायल जुवक गुलरिहा पुलिस के तहरीर देले बा। फिलहाल पुलिस एह ममिला में केस नइखे दर्ज कइले ले।

मां के इलाज करावे आइल जुवक

दरअसल, महराजगंज जिला के पनियरा इलाका के कमासिन बुजुर्ग के रहे वाला प्रिंस कुमार गुप्ता मंगलर के दुपहरिया अपना मां के इलाज करावे आइल विभाग में गइल रहे। मां के आंख में मोतियाबिंद बा। जवना खातिर डॉक्टर लोग ऑपरेशन करावे के सलाह देलस। जुवक भर्ती पेपर बनवावे खातिर ट्रामा सेंटर गइल।

रास्ता पूछला पs भड़क गइल डॉक्टर

आरोप बा कि ट्रामा सेंटर से भर्ती पेपर लेके निकलल तs एगो जूनियर डॉक्टर से ऊ वार्ड के रास्ता पूछ लेलस। जवना पs डॉक्टर भड़क गइल आ गाली देवे लागल। गाली देवे से मना कइला पs दुनो के बीच कहासुनी हो गइल। एकरा बाद प्रिंस अपना मां के लेके जाये लागल। ऊ अभी पुरान पर्ची काउंटर से होखत सीढ़ी से पहिला तल्ला पs पहुंचलही रहे कि आरोपी जूनियर डॉक्टर फोन कs के आपना आउर साथियन डॉक्टर के बोलवलस आ खुद पीछे-पीछे आ गइल।

मां बचावे अइली तs उनको के पीटलस 

आरोप बा कि डॉक्टर आ ओकर साथी जुवक के सीढ़ी से घसीटत बुरा तरे मारे-पीटे लागल आ ओकरा के नीचे पार्क तक ले गइल। जूनियर डॉक्टर ओकरा के लात-घुसन से पीटत रहलें स। एह दौरान पार्क के ग्रिल ले टूट गइल। माई अपना बेटा के मार खात देख छोड़ावे गइल तs कवनो जूनियर डॉक्टर महिला के हाथ पकड़ के गाली देत हाथ मरोड़ देलस। जवना हाथ में चूड़ी धस गइल आ ऊ जख्मी हो गइल।

पीड़ित पुलिस के देलस नामजद तहरीर

घायल जुवक घटना के सूचना डॉयल 112 नंबर पs पुलिस के सूचना देलस। जवना के बाद मेडिकल चौकी पुलिस पहुंचल। पीड़ित गुलरिहा पुलिस के नामजद तहरीर देके कार्यवाही के मांग कइलस। फिलहाल पुलिस के कहनाम बा कि ऊ अभी ममिला के जांच कs रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]