29 जून: जानि कि आज के तारीख इतिहास में काहे दर्ज बा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2024

29 जून के तारीख भारत आ दुनिया के इतिहास में कई कारण से दर्ज बा। देश आ दुनिया के इतिहास में 29 जून के तारीख के दर्ज कुछ महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

Share

29 जून के तारीख भारत आ दुनिया के इतिहास में कई कारण से दर्ज बा। देश आ दुनिया के इतिहास में 29 जून के तारीख के दर्ज कुछ महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

सामाजिक आर्थिक योजना आ नीति निर्माण में सांख्यिकी के महत्व के बारे में जन जागरूकता पैदा करे खातिर हमनी के देश में हर साल 29 जून के राष्ट्रीय सांख्यिकी दिवस मनावल जाला। एह दिन के मनावे के मकसद बा कि लोग के दैनिक जीवन में आ योजना आ विकास के प्रक्रिया में सांख्यिकी के महत्व के बारे में जागरूक कइल जाव । ई दिन भारत के प्रख्यात सांख्यिकीविद स्वर्गीय प्रसांत चंद्र महालानोबिस के जयंती का मौका पर मनावल जाला ।

देश आ दुनिया के इतिहास में 29 जून के तारीख के दर्ज कुछ अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

 

  •  1613 : लंदन के शेक्सपियर के ग्लोब थियेटर में आग लगला से नुकसान भइल ।
  •  1757 : मीर जाफर बंगाल, बिहार आ उड़ीसा के नवाब के गद्दी सम्हरले।
  •  1888 : शास्त्रीय संगीत के पहिला (ज्ञात) रिकार्डिंग भइल।
  •  1913: ग्रीस, सर्बिया, मोंटे नीग्रो, रोमानिया आ उस्मानी साम्राज्य के साथे बुल्गारिया के लड़ाई शुरू भइल जेकरा के दुसरा बाल्कन युद्ध के नाँव से जानल जाला।
  •  1932 : सोवियत संघ आ चीन गैर-आक्रामकता समझौता पर हस्ताक्षर कइलें।
  •  1974 : सेशेल्स द्वीपसमूह के आजादी मिलल ।
  •  1997 : जर्मनी में भइल फ्रैंकफर्ट शतरंज क्लासिक टूर्नामेंट विश्वनाथन आनंद जीतलन ।
  •  2004 : पूर्वी एशिया सम्मेलन (जकार्ता) में आसियान के एगो प्रमुख शक्ति बनावे पर सहमत भइल।
  • 2005 : भारत आ अमेरिका के बीच 10 साल के एगो व्यापक समझौता पर हस्ताक्षर भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.