[the_ad_group id="30365"]

9 जुलाई: इतिहास के महत्वपूर्ण घटना के जानीं, दिग्गज बॉलीवुड अभिनेता के जन्मदिन आज के दिने भइल रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुरु दत्त के प्रतिभा के अंदाजा लगावे खातिर ई बात काफी बा कि टाइम पत्रिका गुरु दत्त के फिल्म प्यासा आ कागज के फूल के दुनिया के सौ बेहतरीन फिलिमन में शामिल कइले रहे। प्यासा आ कागज के फूल के अलावा चौदहवीं का चांद आ साहेब बीबी और गुलाम के भी उनकर बेहतरीन फिलिमन में शामिल कइल गइल बा।

साल के सातवाँ महीना के नौवां दिन इतिहास के पन्ना में कई गो नीमन-बाउर घटना के साथे दर्ज बा। एहमें से कुछ भारतीय सिनेमा से जुड़ल बा। दरअसल, 1925 के आज के दिन वसंतकुमार शिवशंकर पादुकोण उर्फ गुरु दत्त के जनम भइल, जे हिंदी सिनेमा में अभिनय आ निर्देशन दुनो क्षेत्र में अपना खातिर एगो अलग पहचान बनवले। गुरु दत्त के प्रतिभा के अंदाजा लगावे खातिर ई बात काफी बा कि टाइम पत्रिका गुरु दत्त के फिल्म प्यासा आ कागज के फूल के दुनिया के सौ बेहतरीन फिलिमन में शामिल कइले रहे। प्यासा आ कागज के फूल के अलावा चौदहवीं का चांद आ साहेब बीबी और गुलाम के भी उनकर बेहतरीन फिलिमन में शामिल कइल गइल बा। हिंदी सिनेमा में आपन योग्यता साबित करे वाला एगो अउरी काबिल अभिनेता संजीव कुमार के भी जनम 9 जुलाई के भइल रहे। अउरी घटना के बात करीं तs बंबई में 9 जुलाई 1875 के स्टॉक एक्सचेंज के स्थापना भइल आ साल 1816 के एह दिन अर्जेंटीना के स्पेन से आजादी मिलल। इतिहास में 9 जुलाई के तारीख के कई गो महत्वपूर्ण घटना दर्ज बा। एह में से कुछ घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा।

  • 1816: अर्जेंटीना के स्पेन से आजादी मिलल।
  •  1819 : सिलाई मशीन के आविष्कारक एलियास हाउ के जनम.
  •  1875 :बम्बई स्टॉक एक्सचेंज के स्थापना भइल।
  •  1925 : भारतीय सिनेमा के सबसे सशक्त अभिनेता आ बेहतरीन निर्देशक में से एक गुरु दत्त के जनम।
  •  1938 : अपना दमदार अभिनय से हिंदी सिनेमा के समृद्ध करे वाला अभिनेता संजीव कुमार के जनम।
  •  1951 : देश में पहिला पांच साल के योजना (1951-56) प्रकाशित भइल।
  •  1969 : वन्यजीव बोर्ड शेर के देश के राष्ट्रीय जानवर घोषित कइलस। 1973 में शेर के जगह बाघ के राष्ट्रीय जानवर घोषित कइल गइल।
  •  1973 : ब्रिटेन के 300 साल पुरान उपनिवेश बहामास में ब्रिटिश साम्राज्य पर सूरज डूब गइल।
  •  1982 : सगरी सुरक्षा प्रणाली के हरा के माइकल फागन नाम के एगो आदमी ब्रिटेन के रानी एलिजाबेथ के बेडरूम में चहुँप गइल।
  •  1991 : दक्षिण अफ्रीका के फेर से ओलंपिक खेलन में भाग लेबे के अनुमति मिलल।
  •  2002 : ‘अफ्रीकी एकता के संगठन’ के नाम बदल के ‘अफ्रीकी संघ’ कर दिहल गइल।
  •  2004 : एशियाई विकास बैंक आतंकवाद से लड़े खातिर अपना 42 गो सदस्य देशन खातिर एगो कोष बनवलस।
  • 2011 : जनमत संग्रह के बाद सूडान अलग देश बन गइल, 98.83 प्रतिशत लोग अलग देश के समर्थन में वोट दिहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]