[the_ad_group id="30365"]

4 जुलाई: गॉड पार्टिकल के खोज, अउरी का खास बा? देश आ दुनिया के इतिहास में 4 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के विवरण निम्नलिखित बा…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चौथा जुलाई विज्ञान के दुनिया खातिर एगो खास दिन हs। 2012 के आज के दिन वैज्ञानिक हिग्स बोसोन कण के पता लगावे में सफलता के घोषणा कइले रहले। जिनेवा के यूरोपीय ऑर्गेनाइजेशन फॉर न्यूक्लियर रिसर्च (CERN) के वैज्ञानिक लोग के दावा बा कि ऊ लोग के गॉड पार्टिकल यानी ‘हिग्स बोसोन’ कण के बहुत मजबूत संकेत मिलल बा। एकरा अलावे देश-विदेश में भारत के झंडा फहरावे वाला स्वामी विवेकानंद के साल 1902 के आज के दिन निधन हो गइल। ऊ भारतीय दर्शन आ सोच के समृद्ध परम्परा के रेखांकित कs के विश्व स्तर पs सम्मान दिहनी।

  •  1760 : पटना के गंडक नदी के किनारे मीर जाफर के बेटा मीरन के हत्या हो गइल ।
  •  1776 : अमेरिकी कांग्रेस ब्रिटेन से आजादी के एलान कइलस।
  •  1789 : ईस्ट इंडिया कंपनी निजाम आ पेशवा के साथे टीपू सुल्तान के खिलाफ संधि कइलस।
  •  1810: फ्रांसीसी सेना एम्स्टर्डम पर कब्जा कर लिहलस।
  •  1827 : न्यूयार्क में गुलामी खतम करे के एलान भइल।
  •  1881 : सिलीगुड़ी आ दार्जिलिंग के बीच नारो गेज पर ‘टॉय ट्रेन’ चलावल गइल।
  •  1897 : आंध्र प्रदेश के महान स्वतंत्रता सेनानी अल्लूरी सीताराम राजू के जन्म।
  •  1898: सियालकोट में दू बेर भारत के प्रधानमंत्री के पद पर रहल राजनेता गुलजारी लाल नंदा के जनम भइल ।
  •  1902 : भारतीय ऋषि विवेकानंद के निधन
  •  1946 : फिलीपींस के अमेरिका से आजादी मिलल।
  •  1963 : तिरंगा के डिजाइन बनावे वाली स्वतंत्रता सेनानी पिंगली वेंकया के निधन।
  •  1986 : सुनील गावस्कर आपन 115वां क्रिकेट टेस्ट मैच खेल के एगो नया रिकार्ड बनवले।
  •  1997 : नासा के पाथफाइंडर स्पेस प्रोब मंगल ग्रह के सतह पर उतरल।
  •  1999 : भारत के लीअंडर पेस आ महेश भूपति विंबलडन टेनिस चैम्पियनशिप के युगल खिताब जीत लिहले।
  •  2012 : सरन के वैज्ञानिक लोग एलान कइल कि ओह लोग के नया कण हिग्स बोसोन के खोज भइल बा ।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]