[the_ad_group id="30365"]

15 जुलाई: देश के प्रथम प्रधानमंत्री नेहरू के भारत रत्न देश आ दुनिया के इतिहास में 15 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

15 जुलाई के एलान भइल रहे कि देश के पहिला प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के देश के सबसे बड़ नागरिक पुरस्कार भारत रत्न से सम्मानित कइल जाई। साल 1954 में स्थापित ई सम्मान कवनो क्षेत्र में उत्कृष्ट योगदान खातिर दिहल जाला। जवाहरलाल नेहरू के बाद इंदिरा गांधी प्रधानमंत्री के पद पs रहत घरी भारत रत्न से सम्मानित दूसरा व्यक्ति रहली।

1904 : अमेरिका के लॉस एंजिल्स में पहिला बौद्ध मंदिर बनल।

1910 : एमिल क्राप्लिन अल्जाइमर बेमारी के नाँव एलोइस अल्जाइमर के नाँव पर रखलें।

1916 : दुनिया के सबसे बड़ एयरोस्पेस कंपनी बोइंग के शुरुआत।

1926 : बंबई (अब मुंबई) में पहिला मोटरबस सेवा शुरू भइल।

1961 : स्पेन मरद मेहरारू के बराबर अधिकार स्वीकार कइलस।

1968 ; अमेरिका आ तब के सोवियत संघ के बीच व्यावसायिक हवाई सेवा शुरू भइल।

1979 : भारत के प्रधानमंत्री मोरारजी देसाई अपना पद से इस्तीफा दे दिहले।

2000 : सिएरा लियोन में सैन्य कार्रवाई से सगरो भारतीय सैन्य बंधक के मुक्त करावल गइल।

2002 : अमेरिकी पत्रकार डेनियल पर्ल के हत्यारा उमर शेख के पाकिस्तानी अदालत फाँसी के सजा सुनवलस।

2004 : नेपाल के प्रधानमंत्री माओवादी लोग से बातचीत में विदेशी मध्यस्थता के स्वीकार कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]