[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू गोरखपुर में पत्रकारिता परिषद के भइल गठन, आराधना अध्यक्ष, उपाध्यक्ष पद खातिर हिमांशु आ अनुराग निर्वाचित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिन्दी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग में आज “डीडीयू पत्रकारिता परिषद” के गठन कइल गइल। बैचलर ऑफ आर्ट्स इन जर्नलिज्म एंड मास कम्युनिकेशन (BAJMC) आउर मास्टर्स ऑफ आर्ट्स इन जर्नलिज्म एंड मास कम्युनिकेशन (MAJMC) के विद्यार्थियन द्वारा एकरा खातिर शांति आ सुचारू बेवस्था के संगे चुनाव आयोजित कइल गइल। एह परिषद के प्रधान संरक्षक विभागाध्यक्ष प्रो० दीपक त्यागी जी, संरक्षक प्रो० राजेश मल्ल जी आउर सह संयोजक डॉ० राम नरेश राम जी रही लो।

अध्यक्ष पद पs आराधना पाठक भइली निर्वाचित

पत्रकारिता परिषद के अध्यक्ष पद खातिर मुकाबला सबसे रोमांचक रहल। मतदान के दौरान सामिल 32 छात्र छात्रा लोग आपन मतदान कइल। एह दौरान कुल 32 वोट में आराधना पाठक आ रोमी कुमार सरोज के 12-12 वोट मिलल। ओहिजा पिंटू साहनी के 2 आ अनुराग मिश्र के 06 वोट मिलल। आराधना आ रोमी के बीच मुकाबला टाई रहला के वजह से सिक्का उछाल के फसीला कइल गइल, जेमे अराधना पाठक के जीत मिलल।

उपाध्यक्ष पद खातिर हिमांशु पांडेय आ अनुराग रंजन निर्वाचित

परिषद के उपाध्यक्ष पद खातिर MAJMC आ BAJMC खातिर दु गो पद निर्धारित रहे। MAJMC से उपाध्यक्ष पद खातिर हिमांशु पांडेय 24 वोट हासिल कs के सौम्या गुप्ता 08 वोट के हरवले। जबकि BAJMC से उपाध्यक्ष पद खातिर अनुराग रंजन 20 वोट हासिल कइलें आ आदित्य शुक्ला 10 वोट के हरवले। 02 वोट खारिज रहल।

सचिव पद पs आर्यन विश्वकर्मा आ कोषाध्यक्ष पद पs रानू यादव निर्वाचित

सचिव पद पs आर्यन 17 वोट प्राप्त कs के बलवंत 14 वोट के पराजित कइलें। एक वोट खारिज कs दिहल गइल। कोषाध्यक्ष पद खातिर भइल चुनाव में रानू यादव 20 वोट हासिल करत श्रुति मिश्र 12 वोट के सोझा जीत हासिल कइली।

बता दीं की डीडीयू पत्रकारिता परिषद विभागाध्यक्ष प्रो० दीपक त्यागी जी के सरंक्षण में आ विभाग के आउर आचार्यगण के मार्गदर्शन में समय -समय पs विभाग में तरे-तरे के पत्रकारिता से जुड़ल कार्यक्रमन के आयोजन कइल करी। सभे गुरुजन आ छात्र-छात्रा लोग पत्रकारिता परिषद के निर्वाचित सदस्यन के भविष्य खातिर सुभाकामना आ बधाई दिहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]