[the_ad_group id="30365"]

रांची में ओवैसी के स्वागत में लागल पाकिस्तान जिंदाबाद के नारा के होई संयुक्त जांच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रांची। ईटीवी भारत पs छपल खबर ” AIMIM प्रमुख असदुद्दीन ओवैसी पहुंचे रांची, स्वागत में लगे पाकिस्तान जिंदाबाद के नारे” के संबंध में संयुक्त जांच के आदेश अनुमंडल पदाधिकारी सदर, रांची द्वारा अंचल अधिकारी हेहल आ पुलिस उपाधीक्षक हटिया रांची के देहल गइल बा।
गौर करे आला बात बा कि मांडर विधानसभा उपचुनाव में  प्रत्याशी देव कुमार धान के समर्थन में रांची पहुँचला पs ओवैसी के स्वागत में पाकिस्तान जिंदाबाद के नारा लागल। जवना के खबर ईटीवी भारत पs छपल आ नारा लागत वीडियो खबर के साथे चलल। एकरा वजह से ओवैसी के ई दौरा विवाद में घिर गइल बा। अइसे में प्रशासन के तरफ से जाँच के आदेश के आलोक में जांच अधिकारियन के 24 घन्टा में रिपोर्ट सउपे के बा।

एयरपोर्ट पs लागल पाकिस्तान जिंदाबाद के नारा

औवेसी जिंदाबाद के नारन के बीचे पाकिस्तान जिंदाबाद के नारा सुनाई दिहल। मानल जा रहल बा कि औवेसी के कवनो समर्थक द्वारा नारा लगावल गइल रहे। हालांकि नारा के लगावल आ ओकर मकसद का रहे ई तs अभी सवालन के घेरा में बा आ जांच के विषय बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]