[the_ad_group id="30365"]

भारत जोड़ो यात्रा: कांग्रेस नेता सलमान खुर्शीद बोलनें- न रुकल जाई न डेराइल जाई, यात्रा चलत रही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के वरिष्ठ ने भारत ता सलमान खुर्शीद कहनें कि ऐतिहासिक भारत जोड़ो यात्रा से घबरा के केंद्र सरकार के मंत्री कोविड प्रोटोकॉल के संबंध में चिट्ठी लिख रहल बानें। अभिन ले केहू के कोविड के परवाह नाइए रहल। इहे ले नाइ, जब कोविड रहल तब्बो परवाह नाइ कइल गइल। अब यात्रा के व्यापक सफलता के देखत भाजपा के लोग डेरात बानें।

ऊ कहनें कि जिनके कोविड से डेराएक रहल, ऊ कांग्रेस से डेरा गइल बानें। यात्रा नाइ रुकी। ऊ कहनें कि राहुल गांधी साफ कहले बानें कि न डेराए के बा न रूके के बा। अगर कोविड के लेके राष्ट्रीय स्तर पर कौनो प्रोटोकॉल लागू होत रहे, अउर जौन सब के खातिर होई त ओपर हमनी के पार्टी भी विचार करी। खाली यात्रा के लेके प्रोटोकॉल के बात होई त ई गलत होई।

प्रधानमंत्री निम्मन थियेटरमैन हवें

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा संसद में मास्क पहिनले के सवाल पर कहनें कि ऊ निम्मन थियेटरमैन हवें। ऊ कहनें कि देश में कोविड प्रोटोकॉल के नाम पs दोहरा रवैया अपनावल जा रहल बा। प्रधानमंत्री खातिर अलग प्रोटोकॉल अउर बाकी लोग खातिर अलग प्रोटोकॉल होखे, ई नाइ चली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]