[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ में 26 मई के रोजगार मेला, आ रहल बा 30 गो कंपनी, अइसे कs सकेनी आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईटीआई अलीगंज में 26 के एगो बड़ रोजगार मेला आयोजित होई। एकर खास बात ई बा कि तकनीकी अभ्यर्थियन के संगही गैर तकनीकी अभ्यर्थी शामिल हो सकत बा लो। एह मेला में 25 से 30 कंपनी सामिल होई आ अलग-अलग पदन पs करीब डेढ़ हजार अभ्यर्थिय के चयन होई।

क्षेत्रीय सेवायोजन कार्यालय आ राजकीय औद्योगिक प्रशिक्षण संस्थान के संयुक्त तत्वाधान में 26 मई के आईटीआई अलीगंज परिसर में मेला लागी। सहायक निदेशक (सेवायोजन) अरूण कुमार भारती जी बतवनी कि मेला सुबह 9.30 बजे से शुरू होई। एमे तकनीकी आ गैर तकनीकी मिलाके 25 से 30 कम्पनियन के सामिल होखे के उमेद बा। एमे अलग-अलग पद पs करीब 1500 अभ्यर्थियन के चयन होखे के बा। मेला में सामिल होखे आला अभ्यर्थियन के सेवा योजन पोर्टल पs पंजीकरण के संगही ऑनलाइन आवेदन कइल अनिवार्य बा। मेला में अभ्यर्थी खाली अपना बॉयोडाटा के प्रति के संगे हिस्सा ले सकी लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]