[the_ad_group id="30365"]

-कश्मीर: कुपवाड़ा में मुठभेड़ के बाद घुसपैठ के कोशिश नाकाम, सेना मार गिरवले 2 गो आतंकी, हथियार आ गोला-बारूद भी बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में सेना आ आतंकियन के बीच मुठभेड़ भइल. कुपवाड़ा के गुगलधार में घुसपैठ के कोशिश के खुफिया जानकारी मिलते भारतीय सेना अवुरी जम्मू-कश्मीर पुलिस संयुक्त कार्रवाई शुरू कs देलस।

2 आतंकी मारल गईले

कई घंटा ले चलल मुठभेड़ के बाद सेना जवान कुपवाड़ा के गुगलधार इलाका से दू गो आतंकियन के मार दिहले बाड़न. मारल गइल आतंकियन के लगे से हथियार आ गोला बारूद बरामद हो गइल बा. एs इलाका में अबे सेना के तलाशी अभियान जारी बा।

घुसपैठ के कोशिश नाकाम 

भारतीय सेना शनिचर के दिने कहलस कि जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में नियंत्रण रेखा के किनारे सुरक्षा बल घुसपैठ के कोशिश नाकाम कs दिहलस. सेना के श्रीनगर के चिनार कोर सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स पs कहलस कि गुगलधार में भारतीय जवानन के संदिग्ध गतिविधि देखल गइल. एकरा बाद घुसपैठियन के चुनौती दिहल गइल आ गोलीबारी शुरू हो गइल.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]