[the_ad_group id="30365"]

बिहार में महागठबंधन के बड़ झटका, जीतन राम मांझी के बेटा Santosh Suman नीतीश मंत्रिमंडल से देलें इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में महागठबंधन के सरकार के बड़ा झटका लागल बा। बिहार के पूर्व सीएम जीतन राम मांझी के बेटा आ हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा पार्टी (HAM) के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष सुमन मांझी (Santosh Suman Manjhi) नीतीश मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे देले बाड़ें।

बता दीं कि संतोष सुमन नीतीश सरकार (Bihar CM Nitish Kumar Cabinet) में अनुसूचित जाति-जनजाति कल्याण मंत्री रहस। लमहर वक्त से जीतन राम मांझी (Jitan Ram Manjhi) के एनडीए में सामिल होखे के अटकल लगावल जात रहे। एही बीच मंगर के बिहार कैबिनेट से संतोष मांझी (Santosh Manjhi) इस्तीफा देके सबके हैरान कs देले बाड़ें।

HAM बतलस इस्तीफा देवे के कारण

बतावल जा रहल बा कि वित्त मंत्री विजय चौधरी (Vijay Chaudhary) से मुलाकात के बाद संतोष सुमन मांझी इस्तीफा देलें बाड़े। जीतन राम मांझी के दल हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा ने इस्तीफा के पुष्टि कइले बा। पार्टी बतवलस कि जदयू के तरफ से लगातार हम पार्टी के विलय करे के दबाव बनावल जात रहे।

हम पार्टी के राष्ट्रीय मीडिया प्रभारी सह राष्ट्रीय प्रवक्ता अमरेंद्र कुमार त्रिपाठी ‌‌प्रेस विज्ञप्ति जारी कs के कहलें कि हम पार्टी गरीबन के हितन के रक्षा खातिर बनल बा। पार्टी गरीबन के हित आ कार्यकर्ता लोगन के सम्मान के देखत देखते बिहार सरकार में अनुसूचित जाति/जनजाति कल्याण मंत्री डॉक्टर संतोष कुमार सुमन (मांझी) मंत्री पद से इस्तीफा देले बाड़े।

महाबैठक में जीतन राम मांझी के ना मिलल न्यौता 

काल्हे जीतन राम मांझी आगामी लोकसभा चुनाव ना लड़े के घोषणा कइले रहस। ओहिजा, विपक्षी दलन के बैठक में आमंत्रण ना मिलला पs नाराजगी जतवले रहस। ओहिजा, बिहार में विपक्षी एकता के लेके 23 जून के होखे जा रहल महाबैठक में जीतन राम मांझी ना जाये के बात कहले रहस। ऊ कहलें कि एह महाबैठक में आवे के न्योते नइखे मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]