[the_ad_group id="30365"]

पटरी पार करत घरी ट्रेन के चपेट में आइल ई-रिक्शा चालक, मउका पs मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हरियाणा के जिंद जिला में रेल पटरी पार करत एगो ई-रिक्शा के ट्रेन से टकरा के एगो रिक्शा चालक के मौका पs मउत हो गइल।सरकारी रेल पुलिस मरेवाला के लाश के पोस्टमार्टम के परिवार के लोग के सौंप देलस। रेल पुलिस मरेवाला ई-रिक्शा चालक के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवलस।

बीकानेर जात  ट्रेन से टकराईल ईs रिक्शा चालक

रेल पुलिस मंगल के दिने कहलस कि अपराही मोहल्ला निवासी 22 बरीस के शौकीन सोमार के रात अपना ई-रिक्शा से लोको कालोनी के लगे दिल्ली-भठिंडा रेल लाइन के पटरी पार करत रहुवे जवना के दौरान उनुकर रिक्शा जात ट्रेन से टकरा गइल। दिल्ली से बीकानेर जात रहे ट्रेन। उs यात्री के छोड़ के लवटत रहले, रेलवे के गेट बंद होखला के बाद भी उनुका के ट्रेन के टक्कर मार दिहलस। रेल पुलिस के मुताबिक ट्रेन के चपेट में आके चालक के मौका पs मउत हो गईल।

मरेवाला के खिलाफ मामिला दर्ज

रेलवे स्टेशन पुलिस लाश के पोस्टमार्टम कs के परिवार के लोग के सौंप देले बिया। रेलवे स्टेशन के जांच अधिकारी विनोद बतवले कि मरेवाला ई-रिक्शा चालक के खिलाफ मामिला दर्ज हो गईल बा अवुरी फिलहाल मामिला के जांच होखता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]