अजीब टीचर बा! चुनावी ड्यूटी से बचे खातीर पुरुष टीचर खुद के बतवलस ‘गर्भवती’, रिकॉर्ड देख चौंक गइले लोग

By Anurag Ranjan

Published on: May 15, 2024

  हरियाणा लोकसभा चुनाव 2024 : रउरा सभे के ई सुन के अजीब लाग सकेला बाकिर ई साँच बा कि एगो पुरुष शिक्षक अपना के रिकार्ड में महिला के रूप में लिखवा लिहले. मामला एही

Share

 

हरियाणा लोकसभा चुनाव 2024 : रउरा सभे के ई सुन के अजीब लाग सकेला बाकिर ई साँच बा कि एगो पुरुष शिक्षक अपना के रिकार्ड में महिला के रूप में लिखवा लिहले. मामला एही ले सीमित ना रहे, टीचर अपना के महिला के रूप में रजिस्ट्रेशन करवले के साथे गर्भवती भी कहलस। जब राज खुलल तs सब लोग अचरज में पड़ गईल।

राजकीय वरिष्ठ माध्यमिक विद्यालय जींद के ओर से शिक्षक के सूची चुनाव ड्यूटी खाती जिला प्रशासन के भेजल गईल। एकरा में एगो शिक्षक, पीजीटी के शिक्षक सतीश कुमार भी शामिल रहले। एह सूची में सतीश कुमार के महिला कर्मचारी के रूप में देखावल गईल। उनुका के एगो महिला कर्मचारी से प्रेग्नेंट के रूप में भी लिखल गईल रहे। जइसहीं प्रशासन के एह बारे में जानकारी मिलल तs ऊ हैरान हो गइल.

जांच खातिर बनावल गईल समिति

जिला चुनाव अधिकारी मोहम्मद इमराज रजा एकरा के गंभीरता से लेके पूरा जांच करावे खातीर समिति के गठन कईले। उs मामला के चुनाव आयोग के संगे शिक्षा विभाग मुख्यालय में भेजे के बात भी कईले। जींद नगर दण्डाधिकारी नमिता कुमारी जांच समिति के नेतृत्व करत बाड़ी।

मंजीत के पूछताछ खातीर बुलावल गइल

इहाँ जानकारी दिहल गईल कि जवना तरह से कवनो पुरुष शिक्षक अपना के गर्भवती देखा देले बाड़े, उs गलती नईखे हो सकत। काहे कि अगर कवनो महिला गर्भवती बिया तs सॉफ्टवेयर ओकर डाटा एकट्ठा ना करेला। एs मामला में डीसी महिला के रूप में पेश करेवाला आदमी पीजीटी सतीश कुमार, स्कूल प्रमुख अनिल कुमार, कंप्यूटर ऑपरेटर मंजीत के पूछताछ खातीर बुलवले।

तीनों लोग एs मामला में कवनो जानकारी होखे से साफ-साफ इनकार कईले। दूसर ओर जिला उपायुक्त कार्यालय में डीआईओ सुषमा देशवाल जानकारी देली कि कुछ लोग उनुका के ए मामला के जानकारी देले बाड़े, लेकिन लिखित रूप में कुछूओ ना देले। संगही जांच के मांग करत रहले। जब आंकड़ा के विश्लेषण कईल गईल तs उs लोग जवन कहले उs सही निकलल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.