[the_ad_group id="30365"]

विश्व पुस्तक मेला में झारखंड के साहित्यकार विजय शर्मा संपादित सत्यजित राय का अपूर्व संसार भाग 1 भाग 2 पुस्तक के भइल प्री-लॉन्चिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली के प्रगति मैदान में आयोजित विश्व पुस्तक मेला के अंतिम दिन अतवार के झारखंड के प्रसिद्ध साहित्यकार विजय शर्मा के संपादित पुस्तक ‘सत्यजित राय के अपूर्व संसार भाग 1 भाग 2’ के प्री-लॉन्चिंग कइल गइल।

एह दुनो पुस्तकन में प्रोफसर सत्य चैतन्य, डॉ. सी भास्कर राव, डॉ. विजय शर्मा, डॉ. क्षमा त्रिपाठी, डॉ. ऋतु शुक्ला, डॉ. संध्या सिन्हा, अखिलेश्वर पाण्डेय समेत कुल 41 लेखकन कावर से सत्यजीत राय पs लिखल आलेखन के संग्रह कइल गइल बा। एह पुस्तक के प्रकाशन पुस्तकनामा कइले बा। लेखक समीक्षक वैभव मणि त्रिपाठी, आशीष कुमार सिंह आ प्रकाशक महेश्वर दत्त शर्मा के मवजूदगी में ई कार्यक्रम संपन्न भइल।

कार्यक्रम के दौरान वैभव मणि त्रिपाठी कहलें कि सृजन संवाद कार्यक्रम के दौरान सत्यजित राय के संपूर्ण संसार पs आधारित एगो पुस्तक के रचना के संकल्पना कइल गइल। विजय शर्मा एह पुस्तक के संपादन के जिम्मेदारी उठवली आ एकरा के पूरा कइली। कार्यक्रम के संबोधित करत आशीष कुमार सिंह कहलें कि ई पुस्तक फिलिम अध्ययन के विद्यार्थियन आ सत्यजीत राय के फिल्मन के पसंद करे वाला लोगन खातिर मूल्यवान दस्तावेज साबित होई।

पुस्तक के प्रकाशक महेश्वर दत्त कहलें कि लमहर समय से हिंदी के पाठक सत्यजित राय के फिल्मी जिनगी पs आधारित एगो समग्र रचना के इंतजार करत रहे लो। लेखकन के प्रयास आ संपादक के अथक परिश्रम से ई काम पूरा भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]