Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हेमंत सोरेन के खिलाफ सीबीआइ जांच के विरोध काहे, हाई कोर्ट पूछलस, तs बंगला झांके लगले कपिल सिब्‍बल

Jharkhand News झारखंड के मुख्‍यमंत्री हेमंत सोरेन करीबियन के खिलाफ शेल कपनी चलावे के सीबीआइ जांच के सरकार विराेध काहे कs रहल बिया। झारखंड हाई कोर्ट के एह सवाल के जवाब में सुप्रीम कोर्ट के नामी वकील कपिल सिब्‍बल कहले एह याचिका के खारिज कs देवे के चाही।

332

रांची: Jharkhand News झारखंड के मुख्‍यमंत्री हेमंत सोरेन, भाई बसंत सोरेन आ उनका कइयन गो करीबियन के खिलाफ शेल कपनी चलावे के सीबीआइ जांच के मांग आला याचिका पs झारखंड हाई कोर्ट में सुनवाई भइल। एह दौरान उच्‍च न्‍यायालय के मुख्‍य न्‍यायाधीश डॉ रवि रंजन हेमंत सरकार के पक्ष राख रहल सुप्रीम कोर्ट के वरिष्‍ठ वकील कपिल सिब्‍बल से पूछले कि आखिर सरकार सीबीआइ जांच के विरोध काहे कs रहल बिया। झारखंड हाई कोर्ट के एह सवाल के जवाब में सिब्‍बल कहले कि ई याचिका सुनवाई जोग नइखे, एकरा के खारिज कs देवे के चाहीं। अदालत एकरा बाद कहलस कि सरकार के आइएएस अधिकारी पूजा सिंघल के ममिला सबका सोझा उजागर हो चुकल बा। उनकर पोल दुनिया के सोझा खुल चुकल बा। हमनी सभे के पाता बा कि सरकार के खान आ उद्योग सचिव पूजा सिंघल के सीए सुमन कुमार के लगे से करीब 20 करोड़ रुपिया बरामद भइल बा।

 

एने प्रवर्तन निदेशालय, ईडी के वकील तुषार मेहता एक बेर फेर अदालत में बड़-बड़ दावा कइले। कहले कि आइएएस पूजा सिंघल के ठिकानन पs छापेमारी आ उनका से हो रहल पूछताछ में हड़कंप मचाने आला जानकारी सोझा आ रहल बा। झारखंड में सत्ता के शीर्ष पs बइठल लोग आ राज्‍य सरकार के बड़ अधिकारियन के भूमिका संदिग्ध बा। ऊ कहले कि सरकार में हो रहल घोटाला के राशि शेल कंपनियन के जरिये मनी लांड्रिंग कइल जा रहल बा। नेता-अफसर के पईसा होटल आ रेस्टोरेंट में निवेश कइल जा रहल बा।

 

ईडी पूरा जोर से आपन पक्ष राखत कहले कि अभी मनरेगा घोटाला के जांच राज्‍य सरकार के अधीन आला एसीबी कs रहल बिया। अइसन में एजेंसी कावर से अदालत के सउपल दस्‍तावेज के गलत इस्‍तेमाल कइल जा रहल बा। जांच प्रभावित कइल जाए के संभावना बा। एह ममिला के जांच एसीबी से लेके सीबीआई के सउप देवे के चाहीं। प्रवर्तन निदेशालय के जांच अभी जारी बा। दस्‍तावेज के गहन छानबीन चल रहल बा। झारखंड हाई कोर्ट से ईडी ने कहलस कि भ्रष्‍टाचार के संगीन आरोपों में घिरल आइएएस अधिकारी पूजा सिंघल, उनकर मरद अभिषेक झा, रवि केजरीवाल आ माइनिंग अफसरन से पूछताछ आ बरामद दस्तावेज से सभकर चउकावे आला आ बेहद अहम खुलासा भइल बा।

 

बहरहाल, एह पूरा ममिला में झारखंड हाई कोर्ट के चीफ जस्टिस डा. रवि रंजन आ जस्टिस एसएन प्रसाद के अदालत अगिला सुनवाई ला 19 मई के तारीख तय कs देले बा। एही क्रम में राज्‍य सरकार के खूंटी में भइल मनरेगा घोटाला में दर्ज सब प्राथमिकियन के पूरा ब्योरा हाई कोर्ट में पेश करे के निरदेस दिहल गइल बा। जबकि सरकार कावर से पैरवी कs रहल कपिल सिब्बल सीबीआइ जांच आला याचिका के वैधता पs सवाल उठावल आ कहले कि ई राजनीति से प्रेरित बा। याचिकाकर्ता के परिवार 20 साल से मुख्‍यमंत्री हेमंत सोरेन के राजनीतिक विरोधी हs। कपिल सिब्बल ईडी कावर से सीलबंद लिफाफा में जमा कइल गइल गोपनीय दस्‍तावेज सरकार के दिहल जाये के मांग कइले बाड़े। एही बीचे अदालत ईडी के हड़कंप मचावे आला  दस्तावेज देखे आ ओकरा के फेर से सील करे के आदेश देलस।

 

एही बीचे खबर इहो बा कि ईडी आइएएस पूजा सिंघल से जुड़ल मनी लांड्रिंग के पूरा ममिला में जांच के गति तेज कs देलस। आज फेर पांच ट्रंक दस्‍तावेज जांच-पड़ताल ला ईडी के दफ्तर ले आवल गइल बा। जबकि राज्‍य के चार जिला के खनन पदाधिकारी से ईडी अवैध धन उगाही के ममिला में कड़ाई से पूछताछ कs रहल बा। जवना शेल कंपनियन के नाव अब ले सोझा आइल बा, ओकर दस्‍तावेज आ लेन-देन के तमाम रिकॉर्ड खंगालल जा रहल बा। एने भाजपा सांसद निशिकांत दूबे एक बेर फेर एगो ट्वीट कs के फेर से सनसनी मचा दिहले। ऊ अबकी बेर नाया दावा करत लिखले कि जवन खनन अधिकारी सत्‍यजीत कुमार हेमंत सोरेन के खदान के आवंटन कइल रहले, ऊ लापता हो गइल बाड़े। ओकर इस्‍तीफा देवे के खबर बा।

253290cookie-checkहेमंत सोरेन के खिलाफ सीबीआइ जांच के विरोध काहे, हाई कोर्ट पूछलस, तs बंगला झांके लगले कपिल सिब्‍बल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.