[the_ad_group id="30365"]

झारखंड: हजारीबाग में NTPC के DGM के दिनदहाड़े गोली मारके हत्या, जांच में जुटल पुलिस

झारखंड: हजारीबाग में NTPC के DGM के दिनदहाड़े गोली मारके हत्या
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के हजारीबाग जिला से एह समय के एगो बड़हन खबर सामने आइल बा. इहाँ एनटीपीसी के डीजीएम के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल बा। मिलल जानकारी के मुताबिक घटना शनिचर के सबेरे के हs। मरेवाला के पहचान कुमार गौरव के रूप में भईल बा। कुमार गौरव के एनटीपीसी कोयला परियोजना के केरेडारी में डिस्पैच डिपार्टमेंट के डीजीएम पद पs तैनात रहे। बतावल जाता कि कुमार गौरव बिहार के नालंदा जिला के निवासी हवे। बाइक सवार अज्ञात बदमाश उनुका गाड़ी के घेर के गोली मार देले।

बतावल जाता कि इs घटना हजारीबाग जिला के कटकमदाग थाना क्षेत्र के फतहा के नजदीक भईल। डीजीएम कुमार गौरव के घायल हालत में नजदीकी अस्पताल पहुंचावल गईल। जहां इलाज के दौरान डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। एनटीपीसी के डीजीएम पs फायरिंग के खबर मिलते स्थानीय पुलिस मामला के जांच में व्यस्त बिया। 

एs घटना से आसपास के इलाका में दहशत फैल गईल। पुलिस बदमाश के पकड़े में व्यस्त बिया। हजारीबाग के एसपी अरविंद कुमार सिंह कहले कि छापामारी जारी बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]