[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: दिल्ली से गोरखपुर आवत घरी 51 लाख के गहना हो गइल रहे चोरी, जांच सुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली से गोरखपुर आवत घरी बाराबंकी के लगे बस से 51 लाख रुपिया के गहना चोरी के मामिला सामने आइल बा। व्यापारी बाराबंकी के रामसनेही घाट थाना में मामिला दर्ज करवले बा। पुलिस मामिला के छानबीन में जुटल बिया एकरा चलते गोरखपुर के व्यापारी में दहशत के माहौल बा।

जानकारी के मुताबिक राजघाट थाना क्षेत्र के बसंतपुर निवासी आशीष वर्मा सर्राफा कारोबारी हवे। 17 फरवरी के दिल्ली के करोलबाग, कूचा महाजनी चांदी चौक से करीब 51 लाख रुपिया के सोना-हीरा के गहना खरीदला के बाद उs कश्मीरी गेट बस स्टैंड से बस लेके गोरखपुर खातिर रवाना हो गईले। ऊ सब सामान झोरा में तीन गो बक्सा में डाल दिहलस।

व्यापारी के कहनाम बा कि जब बाराबंकी से तीन किलोमीटर आगे बस पहुंचल तs बस एगो ढाबा में रुक गईल। बस के 10 मिनट ले रोकला के बाद उs शौचालय में चल गईले। लवटत घरी उनकर सीट के खिड़की खुलल रहे। सीट पs राखल बैग के चेन खोल के चोर ओकरा में राखल करीब 925 ग्राम सोना अवुरी हीरा के गहना चार लाख रुपिया के चोरा लेलस।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]