[the_ad_group id="30365"]

JEE Main 2024 सेशन 1 के रिजल्ट जारी, इहां जानीं कइसे करीं चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जेईई मेन 2024 के रिजल्ट : जेईई मेन सेशन 1 के परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवारन खातिर एगो खुशखबरी बा। नेशनल टेस्टिंग एजेंसी यानी एनटीए जेईई मेन 2024 के सत्र 1 के परीक्षा के रिजल्ट जारी कईले बिया। एह परीक्षा में शामिल सगरी परीक्षार्थी आधिकारिक वेबसाइट ntaresults.nic.in पs जा के आपन रिजल्ट देख सकेलें आ डाउनलोड कs सकेलें। रिजल्ट चेक करे खातिर उम्मीदवार के आवेदन नंबर अवुरी जनम तिथि के इस्तेमाल करे के होई। कैंडिडेट्स नीचे दिहल चरण के माध्यम से भी रिजल्ट के जांच कd सकतारे।

कइसे जांच करीं

•सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जास।

•एकरा बाद होमपेज पs जेईई मुख्य 2024 सत्र 1 के लिंक पs क्लिक करीं।

•एकरा बाद कैंडिडेट्स मांगल गईल डिटेल्स के दर्ज करीं।

•जइसहीं रउरा अइसन करब तs रिजल्ट रउरा सोझा खुल जाई।

•आखिर में एकरा के चेक करीं आ डाउनलोड करीं।

बता दीं कि ई जेईई मुख्य सत्र 1 के परीक्षा 24 जनवरी, 27 जनवरी, 29 जनवरी, 30 जनवरी, 31 जनवरी, 1 फरवरी 2024 के भइल रहे। एह परीक्षा के पेपर 1 (बी.टेक/बी.ई.) में कुल 11,70,036 छात्र शामिल भइले। जबकि पेपर 2 (बी.आर्क/बी.प्लानिंग) में 55493 छात्र भाग लेले रहले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]