Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देस में इमरजेंसियो से बदतर इस्थिति’:ललन सिंह बोललें- इंदिरा गांधी सीबीआई, ईडी के इस्तेमाल ना कइले रहली, अमित शाह के भविष्यवाणियो उल्टे होला

1,025

जेडीयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह कहलें कि अमित शाह जदि ई भविष्यवाणी कइलेे हs कि 300 सीट जीत के मोदी जी सत्ता में आ रहल बाड़ें तs एकर मतलब बा कि मोदी हार रहल बाड़ें। 2015 के विधान सभा चुनाव में अमित शाह तीन महीना पटना में रहलें आ भविष्यवाणी कइले रहस कि जवना दिन गिनती होई ओह दिन बिहार में बीजेपी के सरकार बनी। बाकिर बिहार में आइल 53 सीट।

दु तिहाई बहुमत से बनी सरकार

पश्चिम बंगाल में ममता दीदी के खिलाफ दावा करत रहे लो कि दु तिहाई बहुमत से सरकार बनी। परिणाम ई भइल कि ममता दीदी के पहिले से जादे सीटे आ गइल। हिमाचल में हार गइल लो । कर्नाटक में कहत रहे लो कि दु तिहाई बहुमत से सरकार बना रहल बानी सs आ भाजपा उहां हार गइल। एहिसे अमित शाह दावा कर रहल बाड़ें कि 2024 में फेर से सरकार बनाएम सs तs कर मतलब बा कि मोदी विदा लिहें।

अभी तs छापा मारल जा रहल बा

ललन सिंह कहलें कि आज इमरजेंसी से बदतर इस्थिति बा। केहू बोलेला तs सीबीआई आ ईडी के छापा मारल जाये लागेला। इमरजेंसी के समय कबो इंदिरा गांधी सीबीआई आ इनकम टैक्स के इस्तेमाल ना कइले रहली। हमनियो के जेल में रहनी सs। अभी तs डेरवावल जा रहल बा। सब संस्थानन के पॉकिट में रखल गइल बा। आज तs बदतर इस्थति बा। देस के स्वतंत्रता खतरा में बा। लोकतंत्र खतरा में बा  आज हमनी के जवन लड़ाई लड़ रहल बानी सs ओमे कांग्रेस हमनी के साथे बिया। सब विपक्षी पार्टी एक संगे लड़े के फैसला लेले बाड़ी सs।

केजरीवाल के अनुपस्थिति के बतवलें मीडिया के एजेंडा

ओहिजा, विपक्षी एकता संयुक्त प्रेस कॉन्फ्रेंस से आप नेता आ दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के बाहर रहला पs जदयू के जवाब नइखे दिख रहल। ऊ एह सवाल के मीडिया के एजेंडा बता रहल बिया। ऊ मीडिया से बात करत कहलें की रउआ लोग के एजेंडा बा। रउआ लोग उनका से बात करीं।

577580cookie-checkदेस में इमरजेंसियो से बदतर इस्थिति’:ललन सिंह बोललें- इंदिरा गांधी सीबीआई, ईडी के इस्तेमाल ना कइले रहली, अमित शाह के भविष्यवाणियो उल्टे होला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.