[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा में जजपा नेता के गोली मारके हत्या, दु लोग घायल

जजपा नेता रविंदर मिन्ना के हत्या
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जननायक जनता पार्टी के नेता रविंदर मिन्ना के शुक्रवार के सांझ हरियाणा के पानीपत में एगो अज्ञात बंदूकधारी गोली मार के हत्या कs देलस।  पुलिस इs जानकारी देले बिया।  पुलिस के कहनाम बा कि इs घटना पानीपत के विकास नगर इलाका में भईल अवुरी दु लोग घाही हो गईले। 

गोलीबारी के घटना में दु लोग घायल

पुलिस के मुताबिक घटना के बाद आरोपी मौका से फरार हो गईले।  पानीपत सेक्टर-29 थाना प्रभारी सुभाष कहले कि, ‘जजपा नेता रविंदर मिन्ना के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल।  दू गो अउरी लोग घवाहिल हो गइल बा.  घटना के सिलसिला में हमनी के जांच कर रहल बानी जा। 


पुलिस के कहनाम बा कि, इs घटना शुक के पानीपत के विकास नगर इलाका में भईल।  जहां जजपा नेता रविंद्र मिन्ना उनुका घर के नजदीक रहले।  ओकरा बाद हमलावर ओ लोग पs गोलीबारी कs देलस।  गोली लगला के बाद बेहोश होके गिर गईल।  जब अस्पताल ले जाइल गइल तs डाक्टर ओकरा के मृत घोषित कs दिहले.  एकरा संगे पुलिस के कहनाम बा कि एs फायरिंग के घटना में उनुकर चचेरा भाई अवुरी एगो अवुरी आदमी भी घाही भईल बाड़े।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]