[the_ad_group id="30365"]

नाबालिग से रेप करे के कोशिश, शराब के नशा में धुत युवक ईंटा से मुह आ कपार के कुचलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के जमुई जिला में नशा में धुत्त युवक 12 साल के लईकी के संगे दुष्कर्म करे के कोशिश कईलस। एतने ना, नशा में धुत्त युवक लईकी के ईंट से मार के बहुत घाही कs देलस। घटना सिमुलतला थाना क्षेत्र के हs। मामिला के जानकारी स्थानीय थाना के दिहल गईल। एकरा बाद घायल बच्ची के परिवार के ओर से अतवार के देर रात इलाज खातीर सदर अस्पताल ले आवल गईल, जहां डॉ. मनीष कुमार लईकी के इलाज शुरू कs देले। लईकी के हालत गंभीर बनल बा।

लईकी के संगे छेड़खानी करे लगलस

बतावल जाता कि लईकी अपना गांव के पोखरा के किनारे रहे। एही बीच शराब के नशा में धुत्त नन्हकू तुरी आके लईकी के संगे छेड़छाड़ करे लगलस। जब लईकी विरोध कईलस अवुरी आवाज उठावे के कोशिश कईलस तs नशा में धुत्त नन्हकु तुरी लईकी के पीटे लगलस। ओकरा बाद उs लईकी के माथा अवुरी चेहरा पs ईंट से मार देलस, जवना से लईकी बहुत घाही हो गईल। जब लईकी बेहोश हालत में जमीन पs गिर गईल तs उs ओकरा के मरल समझ के मौका से फरार हो गईल।

घंटन खून से लथपथ पड़ल रहे

घटना के बाद लईकी कई घंटा ले खून में लथपथ पड़ल रहे। होश में जब उहाँ से कवनो तरह से उठ के घरे पहुंचली अवुरी अपना परिवार के मामिला के जानकारी देली। फिलहाल लईकी के इलाज खाली सदर अस्पताल में होखता। एकरा संगे पुलिस घटना के जांच में व्यस्त बिया।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]