जमशेदपुर में 15 से 25 ले आयोजित कइल जा रहल बा अंतरराष्ट्रीय टूर्नामेंट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 15, 2022

जमशेदपुर में आयोजित सैफ अंडर 18 (SAFF U-18) महिला फुटबॉल चैंपियनशिप की तैयारियों के जायजा लेहले के उद्देश्य से जिला उपायुक्त श्रीमती विजया जाधव देर साँझ जेआरडी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स पहुचली। एह बीच ऊ बारीकी से

Share

जमशेदपुर में आयोजित सैफ अंडर 18 (SAFF U-18) महिला फुटबॉल चैंपियनशिप की तैयारियों के जायजा लेहले के उद्देश्य से जिला उपायुक्त श्रीमती विजया जाधव देर साँझ जेआरडी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स पहुचली। एह बीच ऊ बारीकी से सबी तैयारी के जानकारी लहली अउर मौका पs मौजूद जिला प्रशासन के सम्बंधित पदाधिकारियन के विधि व्यवस्था, यातायात व्यवस्था, स्टेडियम में दर्शकन के उपस्थिति, खिलाड़ियन खातिर चिकित्सीय सुविधा आदि के बेहतर व्यवस्था के लेके जरूरी दिशा निर्देश देहली। जिला उपायुक्त कहली कि एह अंतर्राष्ट्रीय टूर्नामेंट के सफल मेजबानी अउर आयोजन के लेके जिला प्रशासन तत्पर बा। जमशेदपुर में प्रतियोगिता के आयोजन 15 मार्च से 25 मार्च ले हो रहल बा, एके लेके तैयारी पूरा हो गइल बा। बिहान पहिला मुकाबला भारत अउर नेपाल के टीम के बीच होई। ई चैंपियनशिप में तीन देश भारत, नेपाल अउर बांग्लादेश के टीम भाग ले रहल बिया। राज्य सरकार, राष्ट्रीय फुटबॉल फेडरेशन अउर टाटा स्टील के संयुक्त तत्वाधान में प्रतियोगिता आयोजित कइल जा रहल बा।

जमशेदपुर में आयोजित होखे आला ए महिला फुटबॉल प्रतियोगिता में भारतीय टीम में झारखण्ड के 6 खिलाड़ी अमीषा बाखला, अस्तम उरांव, सुनीता मुंडा, अनिता कुमारी, नीतू लिंडा अउर पूर्णिमा कुमारी शामिल बाड़ी। जिला उपायुक्त श्रीमती विजया जाधव कहली कि निश्चित ही हमनी के राज्य के महिला खिलाड़ियन के देश के प्रतिनिधित्व कइल गौरव के विषय बा। ऊ कहली कि उम्मीद बा आवे वाले दिन में पूर्वी सिंहभूम जिला से महिला फुटबॉल खिलाड़ी राष्ट्रीय अउर अंतरराष्ट्रीय स्तर पर आपन प्रतिभा के प्रदर्शन करत नजर अइहें सब, मुख्यमंत्री आमंत्रण कप फुटबॉल टूर्नामेंट में राज्य स्तर पs ऊ सब आपन प्रतिभा के लोहा मनवा चुकल बानें सब । एह मौका पs AIFF अउर टाटा स्टील के प्रतिनिधि, अउर जिला प्रशासन के पदाधिकारी मौजूद रहने।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.