[the_ad_group id="30365"]

भारतीय नौसेना के जहाज से जम्मू के नौसैनिक लापता : पिछला 6 दिन से कवनो सुराग नइखे; कोच्चि से 25 फरवरी के रवाना भइल रहे शिप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय नौसेना के जहाज से एगो नौसैनिक पिछला 6 दिन से लापता बा। नौसैनिक के पहचान सी मैन II रैंक के साहिल वर्मा के रूप में कइल गइल बा। ऊ 27 फरवरी से लापता बा। 19 साल के साहिल जम्मू के रहे वाला हवे। ऊ 2022 में भारतीय नौसेना में सामिल भइल रहस।

भारतीय नौसेना के पश्चिमी नौसेना कमान सनीचर (2 मार्च) के घटना के जानकारी देलस। नौसेना बतवलस कि साहिल के तलाश खातिर जहाजन आ विमानन के संगे बड़ पैमाना पs सर्च ऑपरेशन सुरू कइल गइल बा। नौसेना, नौसेना बोर्ड ऑफ इंक्वायरी के ममिला के जांच के आदेस देले बा।

25 फरवरी के आखिरी बार लउकल रहस साहिल

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, साहिल जवना शिप से लापता भइल बा, ऊ 25 फरवरी के कोच्चि से रवाना भइल रहे। साहिल के आखिरी बेर 25 फरवरी के शिप पs देखल गइल रहे। उनका लापता होखे के परिस्थिति अभी ले स्पष्ट नइखे।

शिप कैप्टन परिवार के फोन पs लापता होखे के जानकारी देलें 

साहिल के लापता होखे के जानकारी उनका परिवार के 29 फरवरी के दिहल गइल। साहिल के पिता सुभाष चंद्र बतवलें- हमनी के 29 फरवरी के शिप कैप्टन के फोन आइल रहे। ऊ बतवलें कि साहिल के 27 फरवरी के बाद से कवनो पता नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]